Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

सांझ के 10 बड़ खबर

778
  1. बिहार: सांसद हई.. पूर्व मंत्री हई, एकरा बादो पिटाई: MP जनार्दन सिंह बोललें- नीतीश के संगे बरिसन तक काम कइनी, शाहनवाज कहलें- सांसद जानके आउर मारल गइल। सरकार आ प्रशासन के देवे के पड़ी हिसाब- जनार्दन सिंह सिग्रीवाल।
  2. बिहार: लाठीचार्ज के विरोध में बीजेपी के राजभवन मार्च; राज्यपाल से मिलके CBI जांच के मांग कइल लो, विधानसभा के कार्यवाही अनिश्चित काल खातिर स्थगित। सदन के अंदर-बाहर विपक्ष के आवाज दबावल जा रहल बा- विजय सिन्हा।
  3. उत्तर प्रदेश: अतीक-अशरफ मर्डर केस में 2000 पेज के चार्जशीट दाखिल; 150 गवाह, 70 CCTV फुटेज… सनी मास्टर माइंड; तीनों शूटर्स के मददगार के खुलासा ना कs सकल SIT।
  4. उत्तर प्रदेश: 42 साल बाद आजम के लगे कवनो सुरक्षा ना; Y-कैटेगरी सिक्योरिटी हटावल गइल, कमेटी कहलस- उनका सुरक्षा देवे के कवनो औचित्य नइखे। अब आजम आ उनका परिवार के लगे कवनो सुरक्षा नइखे।
  5. झारखंड: निलंबित चीफ इंजीनियर वीरेंद्र राम पs दर्ज होई केस; आय से बेसी संपत्ति आ प्रिवेंशन ऑफ करप्शन एक्ट के तहत केस दर्ज होई ममिला, सीएम देलें अनुमति।
  6. महाराष्ट्र के वित्त मंत्री बनलें अजित पवार: भुजबल के खाद्य; धनंजय मुंडे के कृषि; मुश्रीफ के स्वास्थ विभाग के जिम्मा। सीएम-डिप्टी सीएम के संगे मीटिंग में भइल पोर्टफोलियो बंटवारा के फैसला। अजीत गुट के 9 विधायक लेले रहे लो मंत्रीपद के शपथ।
  7. चंद्रयान-3 पृथ्वी के कक्षा में पहुंचल: ISRO चीफ बोललें- सफर सुरू हो गइल, 23 अगस्त के सांझ 5.47 बजे लैंडिंग होई। भारत अइसन करे वाला चउथा देस बन जाई। आदिपुरुष फिल्म के बजट से सस्ता चंद्रयान-3।
  8. दिल्ली के जलभराव में तीन लईकन के डूबला से मौत: यमुना 4 दिन से खतरा के निशान के ऊपर, सुप्रीम कोर्ट, लाल किला पानी पानी।
  9. ऑस्ट्रेलिया में खालिस्तानी भारतीय छात्र के रॉड से पीटलें सs: खालिस्तान जिंदाबाद के नारा लगववलें सs, कहलें- हमनी के विरोध कइल गइल तs दोबारा सबक सिखावल जाई। कार में घुसके छात्र के चेहरा पs मारल गइल रॉड।
  10. भारतीय ओपनर्स के वेस्टइंडीज के खिलाफ सबसे बड़ पार्टनरशिप: रोहित-यशस्वी पहिला विकेट खातिर 229 रन बनावल लो, पहिला बेर बिना विकेट गंववले लीड लेलस। भारतीय ओपनर्स के वेस्टइंडीज के खिलाफ सबसे बड़ साझेदारी। विराट कोहली के 8500 आ कप्तान रोहित शर्मा के 3500 टेस्ट रन पूरा।
598810cookie-checkसांझ के 10 बड़ खबर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.