- बिहार: दुसरको दिने ऑफिस ना पहुंचलें शिक्षा मंत्री चना; विवाद पs राबड़ी बोलली- सब ठीक बा, मंत्री ललित यादव बोललें- अधिकारी कइसे ना सुनी लो। पूर्व मंत्री सुधाकर सिंह बोललें- केके पाठक जइसन अफसर के बर्खास्त करे के चाहीं।
- बिहार: जातिगत जनगणना पs फैसला सुरक्षित, अगिला सप्ताह आई फैसला; पटना हाईकोर्ट में 5 दिन तक चलल सुनवाई, चीफ जस्टिस के बेंच में भइल सुनवाई।
- उत्तर प्रदेश: पीएम मोदी गोरखपुर में वंदे भारत के हरियर झंडी देखवलें; गीता प्रेस के समारोह में बोललें- ई ट्रस्ट ना आस्था हs; किताबन से घर घर में संस्कृति पहुंचवलस।
- उत्तर प्रदेश: गोरखपुर में कांग्रेस नेता लोगन के कइल गइल हाउस अरेस्ट; कांग्रेस जिलाध्यक्ष बोलली- तानाशाही रवैया अपना रहल बिया पुलिस, पीएम के खिलाफ प्रर्दशन के कइले रहे लोग ऐलान।
- झारखंड: झारखंड कांग्रेस के प्रदेश अध्यक्ष बदलल तय; आदिवासी चेहरा के मिल सकत बा जिम्मेदारी, कालीचरण मुंडा आ बंधु तिर्की के लेके चरचा।
- भाजपा के राष्ट्रीय महासचिव पंकजा मुंडे बोलली – सोनिया राहुल के सामने से नइखी देखले: कांग्रेस में जाये के बात अफवाह; खबर चलावे वालन पs मानहानि के मुकदमा करेम। मीडिया चैनलन से अपील, सवालिया निसान ना लगावे लो।
- लोक गायिका नेहा सिंह राठौर पs FIR दर्ज: एमपी पेशाब कांड पs मीम में आरएसएस के ड्रेस में पेशाब करत देखवले रहली। ‘बिहार में का बा’ के तर्ज पs ‘एमपी में बा’ ले आवे के रहे तइयारी।
- भाजपा चार राज्यन में चुनाव प्रभारी नियुक्त कइलस: प्रहलाद जोशी के राजस्थान, भूपेंद्र यादव के MP ओम माथुर के छत्तीसगढ़ आ प्रकाश जावड़ेकर के तेलंगाना के जिम्मा।
- पाकिस्तान के नेशनल असेंबली 13 अगस्त के होई भंग: कानून मंत्री बोललें- अगस्त में खतम हो जाई टेन्योर; अगिला चुनाव लड़ सकिहें नवाज शरीफ। 3 बेर पाकिस्तान के प्रधानमंत्री रह चुकल बाड़े नवाज शरीफ।
- एशियन गेम्स में जाई मेंस-विमेंस इंडियन क्रिकेट टीम: बीसीसीआई मीटिंग में लेलस फैसला; सैयद मुश्ताक अली ट्रॉफी में आई इंपैक्ट रूल। एशियाड में तीसरा बेर सामिल भइल बा क्रिकेट, भारत अभी ले ना लेले रहे क्रिकेट के एशियाड इवेंट में हिस्सा।
Post Views: 6