सांझ के 10 बड़ खबर

Anurag Ranjan
  1. बिहार: वंदे भारत पटना पहुंचल… पहिला दिन 30 मिनट लेट; यात्री बोलल लो- लाग रहल बा फ्लाइट में बानी, हफ्ता में मंगर छोड़के 6 दिन चली। आज सबेरे पीएम मोदी विडियो कांफ्रेंसिंग के माध्यम से देखवले रहस हरियर झंडी।
  2. बिहार: बिहार में शिक्षक बने खातिर बिहारी होखल जरूरी नइखे; नीतीश कैबिनेट के बड़ फैसला, शिक्षक नियुक्ति के नया नियमावली में बदलाव। 1.70 लाख शिक्षकन के भर्ती खातिर 12 जुलाई तक कइल जा सकत बा आवेदन।
  3. उत्तर प्रदेश: MSME डे; सीएम योगी के ऐलान, पीएम सीएम इंटर्नशिप प्रोग्राम के माध्यम से साढ़े सात लाख नवहन के दिहल जाई नौकरी।
  4. उत्तर प्रदेश: कानपुर में 5 दिन बाद खतम भइल IT रेड, 150 अधिकारी खोज निकालल लो 650 करोड़ के हेरफेर; 100 करोड़ के टैक्स चोरी।
  5. झारखंड: तबरेज अंसारी मॉब लिंचिंग ममिला: 10 आरोपियन के कोर्ट देलस दोषी करार, सजा के ममिला में पांच जुलाई के होई सुनवाई। पुलिस घटना के बाद 11 लोगन के कइले रहे गिरफ्तार। तबरेज के हत्या से दु महीना पहिले भइल रहे बियाह।
  6. CAG केजरीवाल के सरकारी बंगला के ऑडिट करी: रेनोवेशन पs 53 करोड़ रुपिया खर्च करे के बा आरोप, LG गृह मंत्रालय से कइले रहस सिफारिश।
  7. उत्तराखंड के ऐतिहासिक गोपेश्वर मंदिर एक तरफ झुकल: कइयन जगे दरार, छत से पानी टपक रहल बा ; जोशीमठ-कर्णप्रयाग में मानसून बढ़वलस चिंता। मंदिर के सरंक्षण के जिम्मेवारी पुरातत्व विभाग के बा।
  8. अगिला एक महीना तक महंगा बिकी टमाटर: बरखा के कारण फसल के नुकसान; केरल में 113, तs एमपी-गुजरात में 100 रुपिया किलो बा दाम। पिछिला तीन साल से दिख रहल बा बरखा में टमाटर के दाम बढ़े के ट्रेंड।
  9. अमेरिका जानत रहे पुतिन के खिलाफ विद्रोह होई: रिपोर्ट में दावा- US नाटो के ना बतवलस सच्चाई, ब्रिटेन के रहे जानकारी। वैगनर चीफ बोललें- तख्तापलट मकसद ना रहे।
  10. वर्ल्ड कप में भारत-पाक मुकाबला 15 अक्टूबर के: 5 अक्टूबर के इंग्लैड-न्यूजीलैंड मैच से सुरुआत, फाइनल 19 नवंबर के, तीनों मैच अहमदाबाद में। 48 दिन में होई 48 मुकाबला।
Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव anuragranjan1998@gmail.com पs मेल करीं।