Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

सांझ के 10 बड़ खबर

444
  1. बिहार: जीतनराम मांझी के बेटा डॉ० संतोष सुमन के बिहार मंत्रीमंडल से इस्तीफा… नीतीश कैबिनेट में दु गो मंत्री बनी लो; विपक्षी दलन के मीटिंग से 10 दिन पहिले HAM के बगावत, NDA में जाये के चरचा।
  2. बिहार: गंगा में लईका के खींच के खाये लागल मगरमच्छ; लोग जाल फेंक के बाहर निकललस, लोग लईका के मौत पs पीट-पीटके ओकरा मार डललस।
  3. उत्तर प्रदेश: आगरा में कुत्तन के नोचला से 5 साल के बच्ची के मौत; 8 साल के बहिनो पs अटैक कइले सs, हालात गंभीर, पूरा देह पs घावे-घाव।
  4. उत्तर प्रदेश: गैंगस्टर ममिला में मुख्तार अंसारी पs फैसला टलल; अब 15 जुलाई के होई सुनवाई, 14 साल पुरान ममिला में होखे के रहे सुनवाई।
  5. झारखंड: झारखंड हाइकोर्ट में जेटेट (झारखंड शिक्षक पात्रता) याचिका के भइल सुनवाई; कोर्ट पूछलस- सात साल से काहे लंबित बा परीक्षा, सरकार एक हफ्ता में दायर करे शपथ पत्र।
  6. सोना आ सेंसेक्स एक जइसन रिटर्न दे रहल बा: 17 साल में दुनो के रिटर्न 600% रहल, एक लाख के निवेश 6 लाख भइल।
  7. बिपरजॉय से पहिले गुजरात-मुंबई के तटीय इलाकन में आंधी-बरखा: मुंबई-भुज-राजकोट में 7 के मौत, गुजरात के 7 जिलन से 21 हजार लोगन के निकालल गइल।
  8. बंगाल के पंचायत चुनाव से पहिले हिंसा: कोलकाता हाइकोर्ट कहलस- संवेदनशील जगहन पs सेंट्रल फोर्स लगावल जाव, बाकी जगह पुलिस तैनात होखे। भाजपा आ कांग्रेस लगवले रहे याचिका।
  9. US मिलिट्री में सैनिकन के भारी कमी: 2022 में 25% कम रिक्रूटमेंट भइल, एयरफोर्स आ नेवियो एही वजह से परेसान।
  10. गांगुली बोललें- टेस्ट कप्तानी छोड़े के फैसला विराट के रहे: तब रोहित बेस्ट ऑप्शन रहस, WTC हार पs कहलें- टीम में लड़े के जज्बा ना दिखल। कहलें- डिफेंसिव अप्रोच के कारण आईसीसी टर्नामेंट हार रहल बा भारत।
565290cookie-checkसांझ के 10 बड़ खबर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.