- बिहार: बिहार में एनकाउंटर, 3 बदमाशन के गोली मारल गइल; मुज्जफरपुर में लूटेरन के पुलिस रोकलस तs फायरिंग कइले सs, एगो कार्बाइन, दु गो पिस्तौल आ 9 लाख कैश बरामद। माइक्रो फाइनेंस से भइल रहे 27 लाख के लूट।
- बिहार: दिल्ली में गिरिराज सिंह के घर पs बिहार भाजपा के मीटिंग; कोर ग्रुप के सब मेंबर पहुंचल लो, 2024 लोकसभा चुनाव में 30 सीटन पs लड़े के तइयारी। चिराग, कुशवाहा आ मांझी पs होई मंथन।
- उत्तर प्रदेश: पुरनका पेंशन के लेके कर्मचारी लोग निकालल रथ यात्रा; केंद्र आ राज्य पs दबाव बनावे खातिर तेज होई आंदोलन, 21 जून के लखनऊ में होई प्रदर्शन।
- उत्तर प्रदेश: बेटा के बियाह में ओमप्रकाश राजभर देखवलें सियासी ताकत; माफिया ब्रजेश-धनंजय सिंह कइल लो शिरकत; पूर्वांचल में 2024 खातिर बन सकत बा नया गठबंधन।
- झारखंड: धनबाद में दिनदहाड़े फायरिंग, दु के मारल गइल गोली; ट्रांसपोर्टर प्रवीण कुमार के हत्या, होटल संचालक गंभीर रूप से घायल, बढ़ रहल बा अपराधियन के हौसला।
- बिपरजॉय काल्ह गुजरात तट से टकराई: गुजरात-मुंबई में भारी बरखा, अभी ले 50,000 लोगन के हटावल गइल। गुजरात के द्वारका से 290 किमी दूर बा तूफान।
- मणिपुर में फेर हिंसा, 9 के मौत, 10 घायल: हथियारबंद लोग मैतई बहुल कांगपोकी में हमला कइल, देर रात 1 बजे भइल फायरिंग। असम के सीएम के मुलाकात आज गृहमंत्री अमित शाह से।
- मनी लांड्रिंग केस में तमिलनाडु के बिजली मंत्री सेंथिल बालाजी गिरफ्तार: ED पहिले हिरासत में लेलस तs फूट-फूटके रो पड़लें, सीना में दरद के शिकायत कइलें। तमिलनाडु के कानून मंत्री बोललें- बालाजी के प्रताड़ित कइल जा रहल बा।
- लंदन में हैदराबाद के छात्रा तेजस्विनी के चाकू मार के हत्या: ब्राजील के शख्स गिरफ्तार; 6 दिन पहिले उनका फ्लैट में रहे खातिर आइल रहे, एगो आउर लईकी पs हमला कइलस।
- 3 साल बाद देवधर ट्रॉफी के वापसी: जुलाई में पुडुचेरी में मुकाबला, दलीप ट्रॉफी से डोमेस्टिक सीजन के सुरूआत। देवधर ट्रॉफी तीन टीमन के बीच खेलल जाला। सीनियर विमेंस डोमेस्टिक सीजन के सुरुआत 19 अक्टूबर से।
सांझ के 10 बड़ खबर
Published on: Jun 14, 2023
बिहार: बिहार में एनकाउंटर, 3 बदमाशन के गोली मारल गइल; मुज्जफरपुर में लूटेरन के पुलिस रोकलस तs फायरिंग कइले सs, एगो कार्बाइन, दु गो पिस्तौल आ 9 लाख कैश बरामद। माइक्रो फाइनेंस से भइल रहे
Share
Tags:
Bhojpuri News, big breaking, Big Bulletin, big news, big updates, bihar news, Bihar-UP News, Breaking Bulletin, breaking news, Breaking Updates, Evening Bulletin, evening news, evening updates, jharkhand news, top 10 news, Top 10 news of evening, top news, up news, साँझ के 10 गो बड़ खबर, साँझ के 10 बड़ खबर, साँझ के बड़ खबर
Share this article






