[the_ad_group id="30365"]

सांझ के 10 बड़ खबर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

  1. बिहार: मुज्जफरपुर में मां के बचावे में जिंदा जरल 4 बेटी लोग; सुतल घरी घर में लागल आग, CO के गोड़ धs के मां बोलली- बच्चियन के लवटा दी…
  2. बिहार: बिहार में 1.78 लाख शिक्षकन के भर्ती… कैबिनेट के मुहर; प्राइमरी से इंटर तक के टीचर्स के आई वैंकसी, 2 हजार लेखपाल के होई नियुक्ति। पंचायती राज विभागो में भर्ती।
  3. उत्तर प्रदेश: पहिला चरण के चुनाव प्रचार थमल, चार मई के मतदान, निगमन में EVM आ पंचायतन में बैलेट से वोटिंग।
  4. उत्तर प्रदेश: अतीक के बहिन आयशा नूरी के सरेंडर अर्जी पs सुनवाई टलल, आठ मई के मिलल अगिला तारीख।
  5. झारखंड: सीएम हेमंत सोरेन से मिलले जदयू के राष्ट्रीय अध्यक्ष ललन सिंह; केंद्र में विपक्षी पार्टियन के एकता के बल देवे के कोसिस, संगही राज्य में राजदो के बा उम्मेद।
  6. उत्तर भारत में अगिला दु दिन बरखा के ऑरेंज अलर्ट: हिमाचल आ उत्तराखंड में जारी रही बर्फबारी, 10 डिग्री तक कम होई तापमान।
  7. कर्नाटक घोषणा पत्र में कांग्रेस के ऐलान- बजरंग दल के PFI जइसन बैन करेम सs: प्रधानमंत्री मोदी बोललें- पहिले श्रीराम के ताला में बंद कइल लो, अब बजरंगबली के बारी बा।
  8. शराब नीति केस, चार्जशीट में राघव चड्ढा के नाम सामिल: बैठक में मवजूदगी के जिकिर; संजय सिंह 82 लाख चंदा लेलें। राघव चड्ढा कहलें- अइसन कवनो बैठक में मवजूद ना रहनी।
  9. पाकिस्तान में कपूर हवेली पs मालिकाना हक वाली याचिका खारिज: वकील के दावा- राज कपूर इहवां रहस एकर कवनो सबूत नइखे। राज कपूर के एह हवेली के 2016 में खैबूर पख्तूनख्वा के सरकार राष्ट्रीय धरोहर घोषित कइले रहे।
  10. टेस्ट रैंकिंग में टीम इंडिया बनल नंबर-1: दुसरका स्थान पs फिसलल ऑस्ट्रेलियाई टीम, WTC फाइनल से पहिले भारत के तीन बड़ खिलाड़ी केएल राहुल, शार्दुल ठाकुर आ जयदेव उनादकट चोटिल।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]