- बिहार: बिहार में रामनवमी के शोभायात्रा पs हिंसक झड़प; सासाराम में बमबाजी के बाद घरन के फूंकल गइल, नालंदा में पथराव आ फायरिंग; 2 के गोली लागल, कईयन लोग घायल।
- बिहार: गया में वोट के बदले नोट देत लउकले भाजपा जिलाध्यक्ष; शिक्षक आ स्नातक MLC चुनाव के ममिला, सबूत के तौर पs रिकॉर्डिंग खातिर कहलें। आरोपी जिलाध्यक्ष प्रेम प्रकाश विडियो रामनवमी के बतवलें।
- उत्तर प्रदेश: IPS राज कुमार विश्वकर्मा बनलें यूपी के कार्यवाहक DGP; डीएस चौहान के रिटायर होखला पs मिलल कमान; प्रशांत कुमार सहित DG रैंक के पांच अफसरन के भइल ट्रांसफर।
- उत्तर प्रदेश: सुसाइड करे वाला अभिनेत्री आकांक्षा दुबे के मां के थाना में हंगामा, चूड़ी तुड़ली, समर सिंह के बचावे के लगवली आरोप।
- झारखंड: चतरा में जमीन विवाद में गइल रहे प्रदीप यादव के जान, पुलिस महिला समेत 5 आरोपियन के कइलस गिरफ्तार। घटना में इस्तेमाल टांगी, खून लागल कपड़ा आ आउर सामान बरामद।
- PM मोदी के डिग्री के डिटेल देवे के आदेस रद्द: गुजरात हाइकोर्ट केजरीवाल पs पच्चीस हजार के जुर्माना लगवलस। डिग्री सर्टिफिकेट देखवला के जरूरत नइखे।
- रामनवमी के एक दिन बाद बंगाल-महाराष्ट्र में फेर हिंसा: हावड़ा आ संभाजीनगर में मंदिरन पs पत्थरबाजी।
- इंदौर मंदिर हादसा: 2 बॉडी आउर मिलल, अब 36 मौत; मंदिर ट्रस्ट अध्यक्ष-सचिव पs गैर इरादतन हत्या के केस दर्ज, CM शिवराज सिंह पहुुंचलें तs भीड़ मुर्दाबाद के नारा लगावल। रामनवमी पs होत रहे हवन।
- नॉर्थ कोरिया से खाना के बदले हथियार ली रूस: अमेरिका के दावा- डील करे जाई लो रूसी अफसर, किम जोंग उन के देस में अनाज के कमी। रूस-नॉर्थ कोरिया के बीच के डील UNSC के नियमन के खिलाफ।
- आईपीएल ओपनिंग सेरेमनी: अरिजीत सिंह के गाना पs झुमले सवा लाख दर्शक, तमन्ना भाटिया आ रश्मिका मंधाना के डांस परफॉर्म पs जमके मचल शोर, 7:30 बजे गुजरात-चेन्नई के बीच मैच होई सुरु।
सांझ के 10 बड़ खबर

सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव।
परिचे-
एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव anuragranjan1998@gmail.com पs मेल करीं।