Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Akansha Dubey: का बा आकांक्षा दुबे के आखिरी रात के राज, होटल के CCTV फुटेज पहिला बेर सामने आइल 

1,029

भोजपुरी फिल्म अभिनेत्री आकांक्षा दुबे के मौत के ममिला चरचा के केंद्र में बा। हर केहू एह ममिला के सच्चाई जानल चाहत बा। अभिनेत्री के मां आकांक्षा के हत्या के आरोप भोजपुरी गायक समर सिंह आ ओकर एगो सहजोगी संजय सिंह पs लगवले बाड़ी। पुलिस समर सिंह आ संजय सिंह के खिलाफ आत्महत्या खातिर उकसावे के मुकदमा दर्ज कइले बिया। घटना वाला दिन से दुनो फरार बाड़े सs। ओकनी के तलाश में वाराणसी आ आजमगढ़ से लेके मुंबई तक पुलिस के टीम दबिश दे रहल बिया। एही बीच सुक के सारनाथ इस्थित ओह होटल के सीसीटीवी फुटेज सामने आइल जहां के कमरा में आकांक्षा के शव मिलल रहे। फुटेज में होटल के बाहर आ भीतर सीढियन पs आकांक्षा के संगे एगो जुवक दिख रहल बा। दुनो रिसेप्शन काउंटर से होत कमरा नंबर 105 के गैलरी तक आवत बा लो आ फेर कमरा में चले जात बा लो।

होटल के सीसीटीवी फुटेज – फोटो : सोशल मीडिया

सीसीटीवी फुटेज के टाइमिंग पs गौर कइल जाव तs आकांक्षा के कमरा में उक्त जुवक 17 मिनट तक रहल। फेर ऊ होटल से निकलके अपना कार में सवार होके निकल जात बा। ओह 17 मिनट में कमरा में का-का बात भइल ई अभी ले राज बा। पुलिस ओह जुवक से पूछताछ कs के छोड़ देले बिया। बतावल जात बा कि जुवक आकांक्षा आ एह ममिला में आरोपी समर सिंह के करीबी बा।

होटल के सीसीटीवी फुटेज – फोटो : सोशल मीडिया

सुक के सारनाथ थाना पहुंचल आकांक्षा के मां मधु दुबे एह पूरा प्रकरण के आरोप पुलिसे पs गढ़ देली। ऊ कहली कि सनीचर आधा रात के बाद जवन जुवक आकांक्षा के लेके आइल। ओकरा कमरा में 17 मिनट तक रहल। आखिर पुलिस ओकरा के काहे छोड़ देलस।

एही कमरा में मृत मिलल रहली आकांक्षा – फोटो साभार : अमर उजाला

बीतल सनीचर के रात आकांक्षा दुबे बर्थडे पार्टी में जाये के बात कह के कैब से होटल से निकलल रहली। रात 1:55 बजे के लगभग एगो जुवक आकांक्षा के उनका कमरा में छोड़े गइल रहे।

आकांक्षा दुबे के खुदकुशी के सूचना पs पहुंचल रहे पुलिस – फोटो साभार : अमर उजाला

जुवक लगभग 17 मिनट बाद आकांक्षा के कमरा से बाहर निकलल आ फेर दरवाजा ना खुलल। अतवार के सबेरे आकांक्षा के शव उनका कमरा में मिलल। ऊ अपना बेड पs बइठल रहली आ उनका गर में पंखा के हुक के सहारे दुपट्टा के फंदा रहे।

वाराणसी के सारनाथ थाना में आकांक्षा के मां सहित आउर लोग- फोटो साभार : अमर उजाला

भदोही जिले के बरदहां गांव निवासी छोटेलाल दुबे के बेटी आकांक्षा दुबे भोजपुरी फिल्म के शूटिंग खातिर इहां आइल रहली। एह ममिला में आकांक्षा के मां भोजपुरी गायक समर सिंह आ ओकरा भाई संजय के खिलाफ मुकदमा सारनाथ थाना में दर्ज करवले बाड़ी।

आकांक्षा दुबे-समर सिंह – फोटो : सोशल मीडिया

मौत से पहिले सनीचर के देर रात आकांक्षा इंस्टाग्राम पs लाइवो भइल रही आ रोवत रहली। उनका रोवला के लेके प्रशंसक लोग सवालो पूछले रहे। एगो प्रशंसक रोवे के वीडियो क्लिप बना लेले रहे। ई क्लिप सोशल मीडिया पs वायरल भइल रहे।

आकांक्षा दुबे की मां – फोटो साभार : अमर उजाला

घटना के छव-सात दिन बीतलो पs आरोपियन के गिरफ्तारी ना होखला से आकांक्षा दुबे के मां आ उनका परिजनन समेत आउर समर्थकन के गुस्सा फूट पड़ल। सुक के ऊ लोग वाराणसी के सारनाथ थाना के बाहर धरना प्रदर्शन कइल। आरोप लगावल कि पुलिस के मिलीभगत से अभी तक आरोपी खुलेआम घूम रहल बाड़े सs।

आकांक्षा दुबे-समर सिंह – फोटो : सोशल मीडिया

आकांक्षा के मां होटल के मैनेजरो पs घटना में सामिल होखे के आरोप लगवली। ऊ कहली कि समर सिंह हमार बेटी के जिनगी लेले बा आ हमार हंसता खेलता परिवार के उजाड़ देले बा। ऊ पुलिस पs पईसा लेके समर सिंह के बचावे के आरोप लगवली।

आकांक्षा दुबे के मां से मिलल रहली अक्षरा सिंह – फोटो साभार: अमर उजाला

मधु दुबे कहली कि आकांक्षा के आखिरी लाइव वीडियो सभे देखल। एमे साफ दिख रहल बा कि हमरा बेटी के हत्या भइल बा। हमरा बेटी के थप्पड़ मारल गइल बा। हम समर सिंह आ संजय सिंह के खिलाफ शोषण, मारपीट, धोखाधड़ी समेत कइयन गो आरोप लगवनी आ तहरीर देहनी। बाकिर पुलिस खाली आत्महत्या खातिर प्रेरित करे के धारा 306 के तहत मुकदमा दर्ज कइलस।

साभार: अमर उजाला

498960cookie-checkAkansha Dubey: का बा आकांक्षा दुबे के आखिरी रात के राज, होटल के CCTV फुटेज पहिला बेर सामने आइल 

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.