Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

सांझ के 10 बड़ खबर

1,088
  1. बिहार: इंटर में सेकंड डिवीजन अइला पs छात्र कइलस आत्महत्या; सुसाइड नोट में लिखलस- एक्जाम में 40 हजार में सेटिंग भइल रहे, चंदन दा धोखा दे देले।
  2. बिहार: सीएम नीतीश कुमार के धमकी देवे वाला गुजरात से गिरफ्तार; गुगल से निकलले रहे मु्ख्यमंत्री के नंबर; व्हाट्सऐप पs देले रहे बम से उड़ावे के धमकी। गुजरात के सुरत से अरेस्ट भइल अंकित मिश्रा।
  3. उत्तर प्रदेश: गोरखपुर में फर्जी दरोगा बन के घूमत रहे कंप्यूटर इंजीनियर; पुलिस के रौब झाड़के करत रहे वसूली; नौकरी ना मिलल तs तीन हजार में किनलस यूनिफार्म।
  4. उत्तर प्रदेश: वाराणसी में टेंट सिटी पs मौसम के कहर, आंधी-बरखा से कइयन गो लग्जरी विला के भइल बुरा हाल।
  5. झारखंड: झारखंड विधानसभा में रांची विधायक सीपी सिंह सरकार के भ्रष्ट बतवलें, कहलें- गौ हत्या करवावे वाली बिया ई सरकार, पलामू में सीएम कहलें रहस गौ तस्करी वाला वाहन के नइखे पकड़े के।
  6. अमृतपाल सिंह जवना बाइक से भागल उ जालंधर में मिलल: पत्नी बब्बर खालसा के मेंबर, फंड जुटावेली, मां से 1 घंटा पूछताछ।
  7. हुरून रिच लिस्ट के टॉप 10 में अंबानी इकलौता भारतीय: अडानी के हर हफ्ता 3000 करोड़ रुपिया के नुकसान, ऊ 23 वां नंबर पs। भारतीयन में साइरस पुनेवाला तीसरा नंबर पs।
  8. कोरोना के लेके पीएम मोदी के बैठक जारी: देस में 24 घंटा में 1134 नया केस मिलल, एक्टिव केस 7 हजार के पार पहुंचल। मीटिंग में स्वास्थ मंत्री मनसुख मंडाविया सहित कइयन अधिकारी बा लो सामिल।
  9. यूक्रेन पहुंचके जेलेंस्की से मिललें जापान के पीएम किशिदा: जंग में तबाह इंडस्ट्रीज खातिर चार हजार करोड़ रुपिया के मदद, G-7 समिट के नेवतो देलें।
  10. आईपीएल-WTC फाइनल से बाहर हो सकत बा: पीठ दर्द के चलते आखिरी टेस्ट आ वनडे सीरीज में ना खेलिहें, सर्जरी भइल तs 5 महीना लागी।
488820cookie-checkसांझ के 10 बड़ खबर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.