Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

सांझ के 10 बड़ खबर

452
Google Ads 300*250 for posts
  1. बिहार: चलत कार से उठे लागल आग के लपट: वैशाली में JCB से माटी डालके बुझावल गइल आग, 5 लोगन के बचल जान; SUV जरके राख।
  2. बिहार: हमार भइया हमनी लोगन के मरवावे के चाहत बाड़ें…. नालंदा के लईकी बोलल- मर्जी से बियाह कइले बानी पुलिस हमरा ससुराल वालन के परेसान मत करे।
  3. उत्तर प्रदेश: दीपक चाहर के पत्नी के जान से मारेके धमकी; 10 लाख के फ्रॉड होखला पs रुपिया वापस मंगले रहस, आरोपी क्रिकेट एसोसिएशन के पूर्व पदाधिकारी। पार्टनरशिप खातिर कइलें रहली एग्रीमेंट।
  4. उत्तर प्रदेश: हरदोई में अखिलेश यादव के काफिला में बड़ हादसा, मवका पs मचल भगदड़, कइयन लोग घायल। घायलन के एंबुलेंस से अस्पताल ले जावल गइल बा।
  5. झारखंड: रामगढ़ विधानसभा उपचुनाव में NDA प्रत्याशी घोषित, आजसू के लोकसभा सांसद चंद्रप्रकाश चौधरी के पत्नी सुनीता चौधरी के नाम के घोषणा।
  6. अदाणी के शेयर में 35% गिरावट, फेर 50% रिकवरी: हिंडनबर्ग के रिपोर्ट से पहिले एगो शेयर के कीमत 3400 रुपिया के रहे, अब कीमत 1531 बांचल।
  7. सुप्रीम कोर्ट बोलल-कड़ा फैसला लेवे पs मजबूर ना करे: SC के नाराजगी देख केंद्र कहलस- जज लोगन के नियुक्ति 5 दिन में हो जाई। सुप्रीम कोर्ट में CJI समेत 34 जज के स्ट्रेंथ बा, अभी 27 जज बा लोग।
  8. सुप्रीम कोर्ट के महाराष्ट्र सरकार के निरदेस- हेट स्पीच ना होखे: पुलिस सकल हिंदू समाज के इवेंट के वीडियोग्राफी करें, भड़काऊ भाषण रोके।
  9. पाकिस्तान के तंगी आ लाचारी: PM शाहबाज बोललें – IMF बेरहम शर्तन पs करजा देलस; बाकिर का कइल जाव, कवनो दोसर चरो तs नइखे।
  10. जोगिंदर शर्मा इंटरनेशनल क्रिकेट से रिटायरमेंट लेलें: टी-20 वर्ल्ड कप 2007 में फेंकलें रहस फाइनल ओवर, 39 साल के उमिर में गेम के कहलें अलविदा।
450520cookie-checkसांझ के 10 बड़ खबर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.