साँझ के 10 बड़ खबर
- बिहार: जवन लालू से नीतीश मंगले… ओइसने हिस्सेदारी मांग रहल बाड़ें कुशवाहा; अतिपिछड़ा लीडरशीप कार्ड खेल के कइलें बड़ अटैक; एक तीर से सधलें 2 निशाना। नंबर 2 के हैसियत बाकिर चलती ना।
- बिहार: एने बहिन के जयमाला होत रहे… ओने भाई के हत्या; नवादा में खेत में बिना कपड़न के लाश मिलल, शादी छोड़के रात भर खोजत रहल घर के लोग।
- उत्तर प्रदेश: रामचरित मानस विवाद में कुदले प्रवीण तोगड़िया, बोललें केहू के कहला से कम ना होई पवित्र ग्रंथ के महत्व। रामचरित मानस से हिंदुअन के आस्था जुड़ल बा।
- उत्तर प्रदेश: ‘गर्व से कहs हम शुद्र हई’ सपा मुख्यालय के बाहर लागल पोस्टर; मानस विवाद पs दु-दु हाथ करे के तइयारी में अखिलेश। सत्ता के गलियारन में चरचा के विषय बनल पोस्टर।
- हजारीबाग के हेवई में मनरेगा के काम में लउकल गड़बड़ी, काम JCB से आउर राशि निकाल रहल बा लो मजदूर।
- 81 साल के आसाराम के रेप केस में उम्रकैद: सूरत के शिष्या से आश्रम में भइल रहे दुष्कर्म, 10 साल पहिले दर्ज भइल रहे FIR। 22 साल पुरान हs ममिला।
- एअर इंडिया पेशाब कांड में शंकर मिश्रा के जमानत: पटियाला हाउस कोर्ट सुनवलस फैसला, 6 जनवरी से जेल में रहे आरोपी। कोर्ट कहलस – पुलिस जवन महिला के गवाह बना के ले आइल ऊ पलटल।
- संसद में राष्ट्रपति के अभिभाषण: मुर्मू बोलली -देश में बिना डरले फैसला लेवे वाला सरकार; सर्जिकल स्ट्राइक, आर्टिकल 370 आ तीन तलाक के कइली जिकिर।
- इकोनॉमिक सर्वे सदन में पेश: 2023-24 खातिर GDP 6.5% रहला के अनुमान, बेरोजगारी दर कम होके 7.2 % भइल।
- इकाना के पिच क्यूरेटर के हटावल गइल: काली पिच के लाल बनवलें, कप्तान हार्दिक पांड्या आ बॉलिंग कोच पारस म्हाम्ब्रे क्यूरेटर पs सवाल खड़ा कइलें रहे लो।
Comments are closed.