सांझ के 10 बड़ खबर

Share

  1. बिहार: तेज प्रताप कहलें – नीतीश कुमार यादव; बाद में मंगले माफी, बोललें-यदुवंशी करत-करत चाचा जी के नाम के आगे से यादव लाग गइल।
  2. बिहार: JDU में सामिल भइलें बिहार BJP के पूर्व उपाध्यक्ष; राजीव रंजन कहलें- नीतीश के छोड़ल हमार गलती; BJP नीतियन से भटक चुकल बिया।
  3. उत्तर प्रदेश: अभी ना मिली सर्दी से राहत, बर्फीली हवा बढ़ा सकत बा ठिठुरन, तीन डिग्री तक लुढ़क सकत बा पारा।
  4. उत्तर प्रदेश: काशगंज में नेव खोनत घरी भरभराके गिरल नवनिर्मित देवार, मलबा में दबके भाई आ दु बहिन के मौत, पिता के हालात नाजुक।
  5. झारखंड: मौसम केंद्र रांची, भारत के सर्वश्रेष्ठ मौसम केंद्र, दिल्ली में मिलल सम्मान।
  6. नेपाल में विमान हादसा, 68 के मौत: लैंडिंग से 10 सेकेंड पहिले पहाड़ी से टकराइल। तकनीकी खराबी बनल हादसा के वजह।
  7. तमिलनाडू में जलीकट्टू के दौरान 23 घायल: बैल पकड़ला के दौरान भइल घटना, SC 300 खिलाड़ियन आ 150 दर्शकन के परमिशन देले रहे।
  8. PM सिकंदराबाद -विशाखापट्नम वंदे भारत के सुरुआत कइलें: मोदी बोललें- ई गुलामी से आत्मनिर्भरता के तरफ बढ़ला के प्रतीक; संस्कृति आ आस्था के जोड़ी।
  9. पाकिस्तान PM के कबूलनामा: एटमी ताकत होके भीख मांगल शर्मनाक, सऊदी- UAE बहुत मदद कइलस, हर बेर करजा मांगल बुरा लागेला।
  10. भारत-श्रीलंका तीसरा एकदिवसीय: भारत देलस 391 के टारगेट, सिराज श्रीलंका के देले सुरुआती झटका। कोहली के 46वां वनडे शतक। कोहली के पिछला चार वनडे में तीन शतक।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-