साँझ के 10 बड़ खबर

Share

  1. बिहार: बिहार के 17 मेयर-डिप्टी मेयर के रिजल्ट; पटना में मेयर पद पs भाजपा समर्थित सीता साहू, डिप्टी मेयर पs रेशमी चंद्रवती जीतली। छपरा से राखी गुप्ता के मिलल जीत, सीवान नगर परिषद से सेम्पी गुप्ता के जीत।
  2. बिहार: बिहार बीजेपी उपाध्यक्ष राजीव रंजन के इस्तीफा, बोललें -अब उ भाजपा ना रहल। पार्टी 6 साल खातिर कइलस निलंबित। कुछे दिन पहिले नीतीश से मिलल रहस।
  3. उत्तर प्रदेश: यूपी में जी-20 के तइयारी: शहरन में बेवस्था गुड टू ग्रेट बनावे के बा, नगर विकास मंत्री ए के शर्मा के आह्वान। बनारस, लखनऊ, आगरा, नोएडा आ प्रयागराज में होखे वाला जी-20 के आवे वाला बैठक।
  4. उत्तर प्रदेश: अखिलेश यादव बोलले- सपा सरकार में आई तs फर्रुखाबाद में बनी मेडिकल कॉलेज।
  5. झारखंड: बिहार से आके कोडरमा में हथियार लहरावल दु गो जुवकन के पड़ल महंगा, भइल लोग गिरफ्तार। गिरफ्तार दूनो जुवक नालंदा जिला के बा लो।
  6. मां के मुखाग्नि देके 2 घंटा बाद काम पs लवटले मोदी: बंगाल के कार्यक्रम से वर्चुअली जुड़लें, ममता बोलली- राउर मां, हमनियो के मां, तनिका आराम करी।
  7. अब स्मॉल सेविंग्स स्कीम्स पs जादे ब्याज: सीनियर सिटीजन सेविंग्स स्कीम पs 8% आ मंथली इनकम स्कीम पs 7.1% रिटर्न।
  8. गुलाम नबी आजाद के घर वापसी के कोसिस में कांग्रेस: सोनिया के करीबी अंबिका सोनी के टास्क, राहुल के यात्रा जम्मू-कश्मीर पहुंचले से पहिले वापस ले आवे के तइयारी। 20 जनवरी के जम्मू-कश्मीर पहुंची भारत जोड़ो यात्रा।
  9. भीड़ लगवलस जय श्रीराम के नारा तs भड़कली ममता: PM के कार्यक्रम में मंच पs बइठे से इनकार कइली, दर्शक दीर्घा में जाके बइठली।
  10. दुनिया मंगलस पंत के सलामती के दुआ: सचिन सहवाग कहलें- जल्दी ठीक हो जा; पाकिस्तान के शाहीन बोललें- हमनी सभे ऋषभ के साथे। प्रधानमंत्री मोदी दुर्घटना पs दुख जतवलें।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-