[the_ad_group id="30365"]

S Jaishankar: एस जयशंकर बोललें- एलएसी के चलते चीन के संगे संबंध सामान्य नइखे, इहां बदलाव के कोसिस नामंजूर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

विदेश मंत्री डॉ. एस जयशंकर भारत-चीन संबंधन के लेके भारत के नजरिया एक बेर फेर साफ कइलें। साइप्रस के लारनाका में भारतीय प्रवासियों के संगे आपन बातचीत के दौरान जयशंकर कहलें कि हमनी के सीमा पs चुनौती बावे जवन कोविड के दौरान तेज हो गइल बा। चीन के संगे संबंध सामान्य नइखे काहेकि हमनी के एलएसी के एकतरफा बदलला के कवनो प्रयास खातिर सहमत ना होखेम सs।

ऊ कहलें, भारत के लेके बहुते उम्मीद बा काहेकि हमनी के एगो अइसन देस के रूप में देखल जाला जवन समस्या के हल करेला। हमनी के एगो मजबूत अर्थव्यवस्था वाला देस के रूप में देखल जाला आ हमनी के एगो स्वतंत्र देस के रूप में देखल जाला।

आतंकवाद के मुद्दा पs जयशंकर कहलें कि मूल मुद्दन पs कवनो समझौता नइखे काहेकि कवनो देस आतंकवाद से ओतना पीड़ित नइखे जेतना हमनी के बानी सs। हमनी के बहुत स्पष्ट रहल बानी कि हमनी के कबो आतंकवाद के सामान्य आ तर्कसंगत ना बनावल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]