Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

S Jaishankar: एस जयशंकर बोललें- एलएसी के चलते चीन के संगे संबंध सामान्य नइखे, इहां बदलाव के कोसिस नामंजूर

जयशंकर कहलें, भारत के लेके दुनिया के बहुते उम्मीद बा काहेकि हमनी के एगो अइसन देस के रूप में देखल जाला जवन समस्यन के हल करेला। हमनी के एगो मजबूत अर्थव्यवस्था वाला देस के रूप में देखल जाला। 

551

विदेश मंत्री डॉ. एस जयशंकर भारत-चीन संबंधन के लेके भारत के नजरिया एक बेर फेर साफ कइलें। साइप्रस के लारनाका में भारतीय प्रवासियों के संगे आपन बातचीत के दौरान जयशंकर कहलें कि हमनी के सीमा पs चुनौती बावे जवन कोविड के दौरान तेज हो गइल बा। चीन के संगे संबंध सामान्य नइखे काहेकि हमनी के एलएसी के एकतरफा बदलला के कवनो प्रयास खातिर सहमत ना होखेम सs।

ऊ कहलें, भारत के लेके बहुते उम्मीद बा काहेकि हमनी के एगो अइसन देस के रूप में देखल जाला जवन समस्या के हल करेला। हमनी के एगो मजबूत अर्थव्यवस्था वाला देस के रूप में देखल जाला आ हमनी के एगो स्वतंत्र देस के रूप में देखल जाला।

आतंकवाद के मुद्दा पs जयशंकर कहलें कि मूल मुद्दन पs कवनो समझौता नइखे काहेकि कवनो देस आतंकवाद से ओतना पीड़ित नइखे जेतना हमनी के बानी सs। हमनी के बहुत स्पष्ट रहल बानी कि हमनी के कबो आतंकवाद के सामान्य आ तर्कसंगत ना बनावल जाई।

426250cookie-checkS Jaishankar: एस जयशंकर बोललें- एलएसी के चलते चीन के संगे संबंध सामान्य नइखे, इहां बदलाव के कोसिस नामंजूर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.