[the_ad_group id="30365"]

साँझ के 10 बड़ खबर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

  1. बिहार: 4 घंटा में पकड़ल गइलें बैंक लूटकांड के आरोपी… कैश बरामद; बेतिया में बैंक खुलतही 6 बदमाश गन प्वाइंट पs लुटले रहलें सs 12 लाख रुपिया। लुटेरा लूट के विरोध कइला पs कर्मचारियन के संगे मारपीट आ महिला लोगन के संगे अभद्रतो कइले रहलें सs।
  2. बिहार: नीतीश कुमार आ बिहार सरकार नपुंसकता के शिकार, केंद्रीय राज्यमंत्री अश्विनी चौबे के विवादित बयान। बिहार सरकार पs जमके बोललें हमला।
  3. उत्तर प्रदेश: अखिलेश उपचुनाव के नतीजन से पहिले इवीएम पs कइलें सवाल, डिप्टी सीएम केशव बोललें- सपा के बयान हार के डर। भाजपा नइखे चाहत ओकर खामियन आ भ्रस्टाचार पs बात होखे- अखिलेश।
  4. उत्तर प्रदेश: न्यू इयर में फोरलेन से जुड़ जाई कुशीनगर इंटरनेशनल एयरपोर्ट के सड़क, खूबसूरती खातिर खर्च हो रहल बा 54 करोड़। आसान हो जाई एयरपोर्ट तक यात्रियन के पहुंच।
  5. झारखंड: झारखंड में कोराना से आठ गुना जादा हृदय रोगियन के मौत, हर मर्ज पs भारी पड़ रहल बा दिल के बेमारी।
  6. 15 साल बाद MCD के सत्ता से भाजपा आउट: बीजेपी के 104, आप के 134 सीट; केजरीवाल बोललें – PM मोदी के आशीर्वाद विकास करेम। MCD चुनाव में जीत के बाद आप ऑफिस में कार्यकर्ता लोग जश्न मनावल।
  7. महाराष्ट्र में कर्नाटक के बसन पर कालिख पोतल गइल: नवी मुंबई में मनसे कार्यकर्ता लोग जतावल विरोध, संसद में NCP बोलल- अमित शाह दखल देस।
  8. शीतकालीन सत्र से पहिले PM मोदी के अपील- सदन के चले दिहल जाव: कहलें- जु़वा सांसदन के भविष्य खातिर ओह लोग के बहस में भाग लेवे के मौका मिले। मोदी कहलें -सभे जुवा सांसदन के वेदना समझें।
  9. जर्मनी में तख्तापलट के साजिश नाकाम: प्रतिबंधित रीच्सबर्गर के 25 आतंकी पकड़ल गइले, एमे 75 साल के पूर्व फौजी आ सांसद सामिल। जर्मनी में आपन सरकार बनावल चाहत रहलें सs आतंकी।
  10. वेटलिफ्टिंग वर्ल्ड चैंपियनशिप में मीराबाई चानू जीतली सिल्वर मेडल: ओलंपिक चैंपियन के पीछे छोड़ली; उठवली 200 किलो वेट। वर्ल्ड वेटलिफ्टिंग चैंपियनशिप में मीराबाई के दूसरका मेडल।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]