[the_ad_group id="30365"]

साँझ के 10 बड़ खबर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

  1. बिहार: पटना यूनिवर्सिटी छात्र संघ चुनाव के मतगणना 7 बजे सुरु होई; पटना आर्ट्स कॉलेज में अभी ले नइखे पहुंचल बैलेट बॉक्स। पुलिस दउरा-दउरा के उपद्रवियन के खदेड़लस। चुनाव के दौरान 5-6 राउंड फायरिंगो भइल।
  2. बिहार: अब्दुल बारी सिद्दीकी कहलें – जगदानंदे सिंह अध्यक्ष रहिहें; बेटा के इस्तीफा के घोषणा के बाद से RJD दफ्तर नइखन आवत। तल्खी कम करे के कोसिस। अपना बयानन के वजह से चरचा में रहला के बाद जगदानंद सिंह के बेटा सुधाकर सिंह के लिहल गइल रहे इस्तीफा।
  3. उत्तर प्रदेश: Kashi-Tamil Sangamam: हमनी के आजादी के बाद हजारन बरिस के परंपरा के मजबूत करे के बा- पीएम नरेंद्र मोदी। काशी आ तमिल संस्कृति के प्राचीन आ गौरवपूर्ण बतवलें।
  4. झारखंड: हेमंत सोरेन के बड़ फसीला, 31 दिसंबर के पहिले बनल भवन होई नियमित। अनिधिकृत निर्माण के करावल जा सकी नियमित।
  5. भारत के UNSC के स्थायी सदस्य बनावल चाहत बा फ्रांस: कहलस- ताकतवर देसन के बढ़े भागीदारी, बिहान ब्रिटेनो इहे मांग कइले रहे। खाली चीन नइखे दे रहल भारत के साथ।
  6. PM मोदी अरुणाचल में कइलें एयरपोर्ट के उद्घाटन: 640 करोड़ में बनल; मोदी बोललें – हमनी के काम अटकावल, लटकावल, भटकावल ना ह।
  7. खगोशी मर्डर केस में सऊदी प्रिंस के रियायत: अमेरिका मुकदमा ना चलाई, कहलस – भारत के PM मोदी प लागल प्रतिबंध के पहिले हटावल गइल रहे।
  8. FIFA-2022 प एलन मस्क के बड़ ऐलान: ट्विटर प देखावल जाई पहिला मैच, मस्क बोललें- बेस्ट कवरेज आ रियल टाइम कमेंट्री होई।
  9. रोहित से छिन सकत बा टी-20 टीम के कप्तानी: हार्दिक बन सकत बाड़े कैप्टन, हिटमैन वनडे-टेस्ट में लीड करत रहिहें। रोहित के कप्तानी में दु टूर्नामेंट में लगातार मिलल बा भारत के हार।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]