[the_ad_group id="30365"]

साँझ के 10 बड़ खबर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

  1. बिहार: गोपालगंज के बाद अब कुढ़नी उपचुनाव में तेजस्वी के खेल बिगड़िहें ओवैसी? AIMIM कइलस चुनाव लड़े के ऐलान, AIMIM के प्रदेश अध्यक्ष अख्तरूल इमान कहलें कि कुढ़नी विधानसभा उपचुनाव में हमनी के पार्टी लड़े के तइयारी कर रहल बिया। चुनाव आ प्रत्याशी के चयन के खातिर हमनी के कुढ़नी विधानसभा क्षेत्र में सर्वे के काम शुरू क देले बानी स।
  2. बिहार: EWS Reservation प सुशील मोदी RJD के घेरलें, कहलें राजद अब कवना मुंह से सवर्णन से वोट मांगी; भाजपा नेता सुशील मोदी सवर्णन के आरक्षण प सुप्रीम कोर्ट के मुहर लगला के बाद कहलें कि RJD EWS के 10 प्रतिशत आरक्षण के विरोध में संसद के दुनो सदनन में मतदान कइलें रहे। Rjd अब कवना मुंह से सवर्णन से वोट मांगे जाई।
  3. उत्तर प्रदेश: Dev Deepawali 2022- वाराणसी में चंद्रहार अस सुशोभित गंगा के साढ़े सात किलोमीटर लमहर तट के अद्भुत नजारा उभरल, वाराणसी में घाटन प जगमग भइल दिया त लहरन पर अइसन बहुरंगी नजारा दिखल जवना के देख इंद्रधनुष तक शरमा जाव। नगर के अनूठा जल ज्योति पर्व देवदीपावली प सम्मोहनपाश में बंधल बनारस आ पूर्वांचले ना देश भर से लोग खींचल चले आइल।
  4. उत्तर प्रदेश: UP के मैन्युफैक्चरिंग सेक्टर बनाई वन ट्रिलियन इकोनॉमी, CM योगी के 7 इंडस्ट्रीज प फोकस करे के निरदेस। यूपी के योगी सरकार राज्य के वन ट्रिलियन इकोनॉमी बनावे के लक्ष्य के पावे खातिर मैन्युफैक्चरिंग सेक्टर के तीन गुणा से जादे बढ़वला प काम शुरू क देले बिया। मैन्युफैक्चरिंग सेक्टर के जोगदान के 45 प्रतिशत तक ले जाये के खाका तइयार क लिहल गइल बा।
  5. झारखंड: लातेहार में भारी मात्रा में विस्फोटक बरामद, एक हफ्ता में दूसरका बड़ खेप पकड़ल गइल; लातेहार के अतिरिक्त पुलिस अधीक्षक (संचालन) संतोष कुमार मिश्रा कहलें कि मौका से अलग-अलग प्रकार के आईईडी आ डेटोनेटर जब्त कइल बा। छापेमारी के जगह रांची से लगभग 160 किलोमीटर दूर बा।
  6. EWS आरक्षण संविधान के उल्लंघन ना, सुप्रीम कोर्ट के संवैधानिक पीठ लगवलस मुहर: गरीब सवर्णन खातिर 10% कोटा लागू रही, पांच जजन के पीठ 3-2 से देलस फसीला।
  7. खतरा में यूक्रेन के पावर ग्रिड: कीव खाली कराई सरकार; रूसी हमलन के बीच एक हजार हीटिंग सेंटर बनावे के तइयारी पूरा।
  8. शराब घोटाला में बढ़ सकत बा मनीष सिसोदिया के मुश्किल: डिप्टी CM के करीबी सरकारी गवाह बनल, कोर्ट से मिल चुकल बा बेल।
  9. सुप्रीम कोर्ट छावला गैंगरेप के दोषियन के बरी कइलस: हाईकोर्ट देले रहे फांसी के सजा, कहले रहे- ई हिंसक जानवर, शिकार ढूंढले स।
  10. विराट ICC क्रिकेटर ऑफ द मंथ:अक्टूबर में 205 के औसत से रन बनवलें, वर्ल्ड कप में पाकिस्तान के खिलाफ ऐतिहासिक पारी खेलले। विराट कोहली के इंटरनेशनल क्रिकेट काउंसिल माने ICC अक्टूबर खातिर प्लेयर ऑफ द मंथ चुनले बा। ऑस्ट्रेलिया में चल रहल टी-20 वर्ल्ड कप में कोहली बेहतरीन फॉर्म में बाड़े। ऊ 5 मैच खेलले बाड़े आ 123 के औसत से 246 रन बनवले बाड़ें। स्ट्राइक रेट 138.98 रहल बा। विराट एह मेगा टूर्नामेंट में सबसे जादे रन बनावे वाला बल्लेबाज बाड़ें।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]