Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

साँझ के 10 बड़ खबर

389
  1. बिहार: उपचुनाव मे वोटिंग खतम: मोकामा में 53.45% आ गोपालगंज में 51.48% वोटिंग, राजद प्रत्याशी 11 प FIR करवलें।
  2. बिहार में ठंडा के दस्तक…. गिरे लागल बा पारा: ग्रामीण इलाकन में छा रहल बा कोहरा; बेगूसराय आ पूर्वी चंपारण सबसे जादे गरम। 5 दिन ले शुष्क रही मौसम, सबेरे-साँझ के रही हलुक ठंडा।
  3. उत्तर प्रदेश: यूपी केबिनेट के फसीला; योगी सरकार यूपी के बनावे जा रहल बिया डेटा सेंटर के हब, ग्रेटर नोएडा के बाद अब 7 आउर खोलल जाई।
  4. उत्तर प्रदेश: यूपी के गोला गोकर्णनाथ विधानसभा सीट प उपचुनाव में 5 बजे तक 55.86% मतदान।
  5. झारखंड: 15 नवम्बर के झारखंड के उलिहातू अइहें राष्ट्रपति द्रौपदी मुर्मू, भगवान बिरसा मुंडा के दिहें श्रधांजलि। झारखंड स्थापना दिवस के मौका प आयोजित कार्यक्रम में बतौर मुख्य अतिथि लिहें हिस्सा।
  6. इमरान खान के लॉन्ग मार्च में फायरिंग: पूर्व प्रधानमंत्री के गोड़ में गोली लागल, अस्पताल भेजल गइलें, एगो सांसद समेत 4 घायल। घटनास्थल प मवजूद आउर लोगन के मदद से इमरान के कंटेनर से दोसरा वाहन में ले जाइल गइल। फेर उनका के अस्पताल भेजल गइल।
  7. ED के पहिला बेर खुला चुनौती: झारखंड के सीएम सोरेन बोललें हिम्मत बा त अरेस्ट करs, फेर 3 हफ्ता के समय मंगलें। कहलें गुनाह कइलें बानी त पूछताछ का करे के बा, सीधे गिरफ्तार करs।
  8. गुजरात चुनाव 1 आ 5 दिसंबर के: 8 के आई नतीजा, निष्पक्षता के सवाल प EC कइलस अंपायर के जिकिर।
  9. रूस के हथियार भेज रहल बा नार्थ कोरिया: US के आरोप- मिडिल ईस्ट आ नार्थ अफ्रीका के रस्ता पहुंचावल जा रहल बा गोला बारूद।
  10. पाकिस्तान साउथ अफ्रीका के 33 रन से हरवलस: सेमीफाइनल में पहुंचे के उम्मेद अभियो कायम, शादाब के ऑलराउंड परफॉर्मेंस।
368700cookie-checkसाँझ के 10 बड़ खबर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.