साँझ के 10 बड़ खबर
- बिहार: छठ महापर्व के दूसरा दिने घाटन प उमड़ल भीड़; पटना समेत कई जिलन में गंगाजल लेवे पहुंचल लोग, बन रहल बा खरना के प्रसाद। गंगाजल से बनेला गुड़ के खीर।
- बिहार: समस्तीपुर में SBI ब्रांच से 2.5 लाख के लूट; 6 बदमाश अइले स, कैश के संगे ग्राहक से 50 हजार, महिला से गोल्ड चेन छिनले स। करपुरीग्राम के SBI ब्रांच से भइल लूटपाट।
- उत्तर प्रदेश: यूपी में साइबर क्राइम प कसी शिकंजा, नशा के कारोबारो प लागी अंकुश। हर जिला में साइबर थाना खुलला से एक जगह दर्ज होई केस।
- उत्तर प्रदेश: जिला अस्पताल बाराबंकी में डिप्टी सीएम ब्रजेश पाठक कइलें निरीक्षण, भोजन में गुणवत्ता ना मिलला प लगवले फटकार। भोजन परोसे वाली एजेंसी के एक दिन के 20% धनराशि काटे के निरदेस देलें।
- झारखंड: आपस में भिड़ल लो सरयू राय आ रघुवर दास के समर्थक; जमशेदपुर में चलल कुर्सी आ लाठी-डंटा, मंदिर में आमने सामने रहे दुनो लोग के कार्यक्रम।
- 8 दिन में 17 डिग्री तक आई पारा: 10 राज्यन में बढ़ी ठिठुरन, 4 महीना पड़ी कड़ाका के सर्दी, अगिला हफ्ता से गुजरात, राजस्थान, मध्यप्रदेश, बिहार, झारखंड आ उत्तर प्रदेश में हो जाई ठंडा के सुरुआत।
- फिलीपींस में बाढ़ आ भूस्खलन से 72 लोगन के मौत: 33 घायल आ 14 लापता, मैगुइण्डानाओ प्रान्त बा सबसे जादे प्रभावित।
- दुनियाभर में ड्रोन से आतंकी हमलन के खतरा: UNSC में जयशंकर बोलले- आतंकियन द्वारा इंटरनेट के हथियार बनावल गइल बा, एसे प्रोपेगैंडा फइला रहल बाड़ें आतंकी।
- कोयम्बटूर ब्लास्ट के तार ISIS से जुड़ल: गिरफ्तार आतंकी कबूललस ऊ श्रीलंका के ईस्टन ब्लास्ट के अरोपियन मिल चुकल बा।
- फ्लॉप केएल राहुल के फेर मिली मौका: बैटिंग कोच विक्रम राठौड़ बोललें- ऋषभ पंत निम्मन खिलाड़ी, बाकिर अभी उनकर जगह नइखें, बिहान भारत साउथ अफ्रीका से जीतल त सेमीफाइनल लगभग पक्का हो जाई।
Comments are closed.