Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

साँझ के 10 बड़ खबर

896
Google Ads 300*250 for posts
  1. बिहार: 9 के जान ले चुकल बगहा के बाघ मारल गइल; 26 दिन से होत रहे तलाश, खेत में घेरके शूटर्स द्वारा 4 गोली मारल गइल। गोड़ के निशान से बाघ के ट्रैक कइल गइल। हाथी प बइठ के खेत में घुसल टीम।
  2. बिहार: लैंड फॉर जॉब स्कैम: तेजस्वी तक पहुंचल जांच के आंच; निजी सचिव के CBI भेजलस तीसरा समन, संजय यादव बोलले- परेसान कइल जा रहल बा। 12 लोग से नौकरी के बदला में 7 प्लॉट लेवे के बा आरोप।
  3. उत्तर प्रदेश: IAS कौशल राज शर्मा वाराणसी के नया कमिश्नर बनलें; जिलाधिकारी के मिलल अतिरिक्त प्रभार;  2 साल 11 महीना से काशी में तैनात बाड़ें। 2 नवंबर 2019 के संभरले रहस कमान।
  4. उत्तर प्रदेश: सीएम योगी कइलें इंडियन रोड कांग्रेस के शुभारंभ; बोलले- जदि गलत तकनीक से सड़क बनेला त ओकरा से कइयन गो जान चल जाला। इंडियन रोड कांग्रेस के 81 वां अधिवेशन 8 से 11 अक्टूबर ले लखनऊ के इंदिरा गांधी प्रतिष्ठान में हो रहल बा।
  5. झारखंड: 22 से चली टाटानगर-गोंडा साप्ताहिक एक्सप्रेस, धनबाद-भागलपुर होके के जाई, टाटानगर से भागलपुर खातिर ट्रैन चलावे के मांग कइल गइल रहे।
  6. एयरफोर्स डे प वायुसेना के मिलल नाया ब्रांच आ यूनिफॉर्म: अब सरकार के 3400 करोड़ रुपिया बांची। अपना 90 वां वर्षगांठ प फोर्स के नाया कॉम्बैट यूनिफॉर्म लॉन्च कइलस।
  7. जोधपुर में गैस सिलेंडर में विस्फोट: 4 लोग जिंदा जरल, रिफिलिंग करत घरी हादसा , 16 लोग भइल घायल।
  8. राहुल गांधी बोलले: अंग्रेज से पईसा लेत रहले सावरकर: आरएसएस ब्रिटिश राज के समर्थन कइलस। कर्नाटक के तुरुवेकरे में प्रेस कॉन्फ्रेंस कइले।
  9. रूस के कर्च ब्रिज प धमाका, 3 के मौत: युक्रेन प्रेसिडेंट के एडवाइजर कहले- ई शुरुआत, आपन हर चीझ वापस लेम। कइयन किलोमीटर तक सुनाई देलस धमाका के आवाज, 2014 में बनल रहे कर्च ब्रिज।
  10. टीम इंडिया विमेंस एशिया कप के फाइनल में: बांग्लादेश के 59 रन से हरवलस, एक दिन पहिले पाकिस्तान से मिलल रहे हार। शेफाली वर्मा बनली प्लेयर ऑफ द मैच, जमवली शानदार अर्धशतक।
351160cookie-checkसाँझ के 10 बड़ खबर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.