Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Morning Updates: भोर के 10 बड़ खबर

393
  1. बिहार: यौन उत्पीड़न में फंसले डीआईजी रेल, सीएम के निरदेस प सीआईडी के जांच में दोषी पावल गइले। डीआईजी रेल राजीव रंजन के साथे एह प्रकरण में एगो डीएसपी, अगमकुंआ के थानेदार, अनुसंधान पदाधिकारी सहित कइयन गो पुलिस अफसर, एगो डॉक्टर आ बेउर जेल के अधिकारियन के संलिप्तता पावल गइल बा।
  2. बिहार: लालू के बेटा नाराज होके छोड़ले बैठक, तेजप्रताप बोलले- राष्ट्रीय महासचिव गाली देले। श्याम रजक प गाली-गलौज के आरोप लगा बैठक से बाहर निकलले तेजप्रताप, बवाल के बाद श्याम रजक के तबीयत खराब हो गइल, ऊ बेहोश हो गइले। कहले- पार्टी के मजदूर हई,चाहस त निकाल देस।
  3. उत्तर प्रदेश: यूपी में बेमौसम बरखा आ बाढ़ लोगन खातिर बनल आफत, कइयन जगहन प भइल हादसन में 25 लोगन के जान गइल। फसल खराब होखला से किसान परेसानी में, बिजली आ देवाल गिरला से भइल अधिकतर लोगन के मौत।
  4. उत्तर प्रदेश: कानपुर हादसा के बाद अब योगी सरकार के बड़ डेग- अब अलग-अलग रंगन में होई कृषि आ गैर कृषि ट्रैक्टर ट्रॉली। आसानी से कृषि आ गैर कृषि ट्रेक्टरन के कइल जा सकी पहचान।
  5. झारखंड: झारखंड कैबिनेट के अहम बैठक आज, हेमंत सोरेन प टिकल बा नजर, युवा लोगन खातिर बड़ ऐलान संभव।
  6. अमित शाह बोलले- असम के पूर्व सीएम हमनी के मरले रहस: कहले- तब हम इहां ABVP के लीडर बनके आइल रहनी। 40 साल पहिले असम के पूर्व सीएम हितेश्वर सैकिया हमनी के बहुते मरले रहस, ओह समय कल्पना तक ना कइले रहनी कि भाजपा दु बेर जीतके सरकार बनाई।
  7. 2019 में हारल 144 सीटन खातिर भाजपा के खास रणनीति, मोदी 40 जगहन प मेगा रैली करिहें। बाकी बचल सीटन प BJP अध्यक्ष जेपी नड्डा, केंद्रीय गृहमंत्री अमित शाह समेत बड़ नेता सभा करी लो।
  8. केजरीवाल के हिंदू विरोधी मंत्री के इस्तीफा, देवी देवता के ना माने के शपथ दियवले रहस। मंत्री रहल राजेंद्र पाल प विजयादशमी के दिन दिल्ली में बौद्ध सम्मेलन में हिंदू देवी-देवता के ना माने के शपथ दियावे के बा आरोप, वीडियो रहे वायरल।
  9. हरियाणा में 7 साल के लईकी से रेप के बाद हत्या, तेल छिड़क के जरावे के कोसिस। कैथल के कलायत एरिया के कुराड़ गांव के झाड़ियन में मिलल अधजला शव, 1 गिरफ्तार।
  10. India Vs South Africa: भारत साउथ अफ्रीका के 7 विकेट से हरवलस; सीरीज 1-1 से बराबर, अय्यर के शतक, ईशान जड़ले 7 गो छक्का। श्रेयस आ किशन में तीसरा विकेट खातिर 161 रन के साझेदारी भइल।
351480cookie-checkMorning Updates: भोर के 10 बड़ खबर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.