Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

वायुसेना के नयका शाखा ‘दिशा’ सम्हारी अत्याधुनिक शस्त्र, 3400 करोड़ बची, पढ़ीं पांच बड़ बात

453

वायुसेना दिवस के मौका पर चंडीगढ़ में विशेष एयर शो आयोजित कइल गइल बा। एहमें राष्ट्रपति द्रौपदी मुर्मू, रक्षा मंत्री राजनाथ सिंह खासतौर से मौजूद बानें। एह मौका पर एयर चीफ मार्शल वीआर चौधरी वायुसेना के लेकर कई अहम घोषणा कइलें। एहमें सबसे अहम अत्याधुनिक शस्त्र के रखरखाव खातिर एक नई इकाई ‘दिशा’ के गठन कइल गइल बा। एकरे गठन से 3400 करोड़ रुपया के बचत होई।

वायुसेना प्रमुख चौधरी एलान कइलें कि नयका ‘वीपन सिस्टम्स ब्रांच’ हमनीके लग्गे मौजूद हर तरह के नवीनतम हथियार प्रणाली के रखरखाव करी। उ एकरे बारे में विस्तार से जानकारी देत कहलें कि एसे हर साल भारी बचत होई। उ कहलें कि हमनीके एकीकरण, युद्ध क्षमता के साझा इस्तेमाल के जरूरत बा। तीनों सेना के एकीकरण के प्रक्रिया चल रहल बा। परंपरागत हथियार के जगह आधुनिक, आसान अउर तेजी से इस्तेमाल कइल जा सके वाली प्रौद्योगिकी अपनावे के जरूरत बा, काहेसेकि पिछले एक साल में जंग के तरीका बदल गइल बा।

आईं जानल जाव कि वायुसेना प्रमुख चौधरी अउर कौन बड़ बात कहलें

1. 3000 ‘अग्निवीर वायु’ के भर्ती

एयर चीफ मार्शल चौधरी कहलें कि दिसंबर में 3000 ‘अग्निवीर वायु’ के भर्ती होई अउर उनकर आरंभिक ट्रेनिंग शुरू कइल जाई। एकरे बाद के साल में एकर संख्या बढ़त जाई। अगिले साल से हम महिला अग्निवीर के भर्ती के भी योजना बना रहल बानें।

2. युवा लोग के देश सेवा में लावल चुनौती

अग्निपथ योजना के जरिए देश के युवा लोग के वायुसेना में भर्ती कइल हमनी के सबके बड़ चुनौती बा। लेकिन एकर बड़ बात ई बा कि ई देश के युवा के देश सेवा से जोड़े के बड़ अवसर बा। हर अग्निवीर के वायुसेना में करियर शुरू करे के अवसर देवे खातिर हमनीके अपने प्रशिक्षण के तरीका बदल दिहले बानीं जा।

3. आजादी के बाद पहिला नया संचालन शाखा

वायुसेना के 90 वीं वर्षगांठ के मौका पर एयर चीफ कहलें कि केंद्र सरकार वायुसेना के अधिकारियन खातिर वीपन सिस्टम्स ब्रांच स्थापित करे के मंजूरी दे दिहले बानें। उ कहलें कि आजादी के बाद ई पहिला मौका ह, जब एगो नया संचालन शाखा स्थापित कइल जा रहल बा। एह शाखा के गठन से 3400 करोड़ से ज्यादा के बचत होई। उ कहलें कि एसे उड़ान के प्रशिक्षण पर खर्च कम होई।

4. पूर्ववर्तियन के कड़ा मेहनत, लगन अउर दूरदृष्टि से गौरवशाली विरासत मिली

एयर चीफ मार्शल कहलें कि हमनीके अपने पूर्ववर्तियन के कड़ा मेहनत, लगन अउर दूरदृष्टि से गौरवशाली विरासत मिलल बा। हमके एह मौका पर हमनीके पूर्व प्रमुख लोग के योगदान रेखांकित करे के अधिकार बा। अब हमनी पर वायुसेना के शताब्दी दशक में ले जाए के जिम्मेदारी बा।

5. वायुसेना के नयका कॉम्बैट ड्रेस

भारतीय वायुसेना के 90 साल पूरा होखले के मौका पर वायुसेना प्रमुख एयर चीफ मार्शल वीआर चौधरी जवानन के नया कॉम्बैट यूनिफॉर्म जारी कइलें। जंग के मैदान खातिर ई वर्दी कैमूफ्लाज रंग में तैयार कइल गइल बा।

350690cookie-checkवायुसेना के नयका शाखा ‘दिशा’ सम्हारी अत्याधुनिक शस्त्र, 3400 करोड़ बची, पढ़ीं पांच बड़ बात

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.