सांझ के 10 बड़ खबर

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 20, 2022

बिहार: कटिहार- केंद्रीय मंत्री गिरिराज सिंह जीविका के डीपीएम के सरेआम लगवले फटकार, डीएमो पs बिफरले। बिहार: लुधियाना में आग लागे से बिहार के एके परिवार के 7 लोग के दर्दनाक मौत। उत्तर प्रदेश: बुजुर्ग

Share

  1. बिहार: कटिहार- केंद्रीय मंत्री गिरिराज सिंह जीविका के डीपीएम के सरेआम लगवले फटकार, डीएमो पs बिफरले।
  2. बिहार: लुधियाना में आग लागे से बिहार के एके परिवार के 7 लोग के दर्दनाक मौत।
  3. उत्तर प्रदेश: बुजुर्ग संत, पुजारी आ पुरोहित लोग खातिर बनी पुरोहित कल्याण बोर्ड, मुख्यमंत्री योगी देले निरदेस।
  4. उत्तर प्रदेश: सपा अध्यक्ष अखिलेश यादव के निशाना पs भाजपा के बुलडोजर, कहले- मुसलमान आ दलित पs देखा रहल बा लो गैरकानूनी ताकत।
  5. झारखंड: गढ़वा में बारातियन के लेके जा रहल बस पलटल, 45 लोग घायल।
  6. एह दशक के बड़हन ब्रांड बन सकत बा हील इन इंडिया, सुरु होई आयुष वीजा कैटेगरी- पीएम मोदी।
  7. जहांगीरपुरी में बुलडोजर के कारवाई पs सुप्रीम कोर्ट लगवलस रोक, आरोपियन के अतिक्रमण ढाहे के रहे तइयारी।
  8. राहुल गांधी के विदेश वापसी के बाद कांग्रेस के चिंतन शिविर, प्रशांत किशोर के प्रजेंटेशन-प्लान पs होई मंथन।
  9. रूसी रक्षा मंत्री बोलले- यूक्रेनी सेना करे सरेंडर तs हमनी कावर से ना होई कारवाई।
  10. आईपीएल: दिल्ली के एगो आउर खेलाडी कोरोना पॉजिटिव, एकरा बादो होई मैच।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.