[the_ad_group id="30365"]

मीडिया में प्रकाशित खबरन के प्रखण्ड प्रमुख मनोज सिंह लेले संज्ञान, निर्माणाधीन अस्पताल भवन के लेले जायजा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

  • दु दिन में कंस्ट्रक्शन साइड पs एस्टीमेट आ नक्शा के बोर्ड लगावे के प्रमुख देले ठेकेदार के निरदेस।
  • अवरनिबंधन कार्यालय में रजिस्ट्री के नाम पs हो रहल अवैध वसूली के शिकायत पs प्रमुख लउकले सख्त।
  • अस्पताल में भरती मरीजन से प्रमुख सनले शिकायत, अस्पताल प्रशासन पs लापरवाही के लगवले आरोप।

सीवान: रघुनाथपुर रेफ़रल अस्पताल परिसर में बन रहल अस्पताल भवन में भारी अनियमितता,धांधली आ मानक के मोताबिक काम ना होखला के बराबर मीडिया में प्रकाशित खबरन के संज्ञान में लेके रघुनाथपुर प्रखण्ड प्रमुख मनोज सिंह आज मंगर के जायजा लेले।

जिम्मेवार लोगन (भवन निर्माण विभाग के अधिकारियन) से बात कइला के बाद ठेकेदार रमेश पाठक के कंस्ट्रक्शन साइड पs दू दिन के भीतर हॉस्पिटल के नक्शा आ एस्टीमेट के बोर्ड लगावे के सख्त निरदेस प्रखंड प्रमुख देले। ठेकेदार आ प्रमुख के बीच स्पीकर ऑन मोबाइल पs बातचीत में ठेकेदार जवारी होखला के हवाला देत रहस तs प्रमुख जनता के जाने ला एस्टीमेट लगाके मानक के अनुसार काम करावे के कहत रहस। मालूम होखे कि प्रभारी चिकित्सा पदाधिकारी डॉ० देवेंद्र पाठक के हॉस्पिटल निर्माण सम्बंधित कवनो जानकारी ठेकेदार रमेश पाठक नइखे देले। जबकि कवनो परिसर माने बाउंड्री के अंदर के सर्वे सर्वा प्रभारी होला। बाकिर ना जाने काहे ठेकेदार पाठक प्रभारी पाठक को भाव नइखे देत।

अवर निबंधन कार्यालय रघुनाथपुर में रजिस्ट्री के नाव पs भोला भाला जनता से अवैध वसूली कइल जा रहल बा। जवना के शिकायत पs प्रमुख श्री सिंह रजिस्ट्रार संजीव रंजन से बात कइले आ बिना देरी कइले कार्यालय के बेबस्था में तुरंत सुधार ले आवे ला अवैध वसूली के शिकायत के जांच कs के वसूली बन्द करे के निरदेस प्रमुख देले।

अस्पताल निरीक्षण के दरम्यान अस्पताल में भरती मरीजन के हाल जानत घरी एगो महिला मरीज के परिजन अस्पताल प्रशासन पs गम्भीर आरोप लगावत प्रमुख श्री सिंह के बतावल लो कि एगो प्रसव पीड़ित मरीज के भोर में eg सुई/इंजेक्शन देला के बाद केहू कवनो दवाई नइखे देलेे। एहपर प्रमुख न अस्पताल प्रशासन पs लापरवाही के आरोप लगावत दवा भंडार आ उपस्थिति पंजी मंगाके चिकित्सा पदाधिकारी डॉ० नरेन्द्र पाठक, स्वास्थ प्रबंधक पुष्पा गुप्ता सहित सभे कर्मियन के  जमके क्लास प्रमुख लेले।

मवका पs बीडीसी प्रतिनिधि पिंटू कुमार , गोपाल पान्डेय , सुरेन्द्र ठाकुर , मुन्ना सिंह , धर्मेन्द्र चौरसिया , अरविन्द सिंह , अमोद पटेल , राजकरण सिंह , दीनबन्धु दुबे , गुडू सिंह,सुनेश्वर चौहान सहित आउर लोग मवजूद रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]