[the_ad_group id="30365"]

साँझ के 10 बड़ खबर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

  1. बिहार: मोकामा आ गोपलागंज में 3 नवंबर के वोटिंग… 6 के रिजल्ट; नया सरकार में महागठबंधन के पहिला परीक्षा, BJP के सोझा गढ़ बचावे के चुनौती। अंनत सिंह के सदस्यता खतम होखला से मोकामा आ सुभाष सिंह के निधन के वजह से खाली भइल बा गोपलागंज सदर सीट।
  2. बिहार: नीतीश कैबिनट से इस्तीफा के बाद फॉर्म में सुधाकर सिंह, बोलले- सड़क से लेके सदन तक उठायेम किसानन के आवाज। कहले- जब हम किसानन के समस्या उठावेनी आ भ्रस्टाचार के विरोध करेनी त कुछ लोग के बुरा लागेला। सत्ता में बइठल लोगन के बेचैनी बढ़ जाला। कर्मचारी आ अधिकारी मालिक बन के बइठल बा लो।
  3. उत्तर प्रदेश: मुख्तार अंसारी के एम्बुलेंस उपलब्ध करावे वाली ड़ॉ० अलका राय प गैंगेस्टर एक्ट के तहत करवाई। मुख्तार अंसारी के पंजाब के रोपड़ जेल में रहला के दौरानो एह एम्बुलेंस के इस्तेमाल भइल रहे। बाराबंकी से रजिस्टर्ड एह एम्बुलेंस के इस्तेमाल के ममिला सोझा अइला के बाद अलका राय आ उनका अस्पताल के एगो सहजोगी के जेल जाये के पड़ल रहे।
  4. उत्तर प्रदेश: मेदांता गुरुग्राम के CCU में भर्ती मुलायम सिंह यादव गंभीर, केंद्रीय मंत्री एसपी सिंह बघेल हालचाल लेवे पहुँचले। मुलायम सिंह यादव के तबीयत में सुधार खातिर उनका पैतृक गांव इटावा के सैफई के संगही लखनऊ आ गुरुग्राम में पूजा-पाठ जारी बा।
  5. झारखंड: झारखंड के लोगन के बड़ राहत, 40 हजार सैलरी वाला 75% सीट स्थानीय युवा खातिर आरक्षित। एकरा संगही श्रम नियोजन विभाग आ प्रशिक्षण विभाग युवा लोगन के निबंधन के तइयारी सुरु क देले बा।
  6. भारत से गुजरल ईरानी प्लेन में बम के सूचना: सुखोई फाइटर जेट एस्कोर्ट करत सीमा से बाहर छोड़लस, चीन के ग्वांग्झू में सेफ लैंडिंग। दिल्ली आ जयपुर में लैंडिंग के अनुमित ना देले रहे भारत सरकार।
  7. कोलकाता के पंडाल में महिषासुर के जगे प गांधी के देखावल गइल: आयोजक लोग कहल ई खाली संजोग; पुलिस बदलववलस मूर्ति।सत्ताधारी तृणमूल कांग्रेस, भाजपा, CPI-M आ कांग्रेस सहित सब राजनैतिक दल एकर आलोचना कइल।
  8. नोबेल पुरस्कारन के एलान सुरु: स्वीडन के स्वांते पाबो के मेडिसिन के नोबल पुरस्कार, मानव विकास प खोज खातिर दिहल जाई; 7 अक्टूबर के होई शांति पुरस्कार के ऐलान।
  9. ब्राजील में राष्ट्रपति चुनाव के दूसरा राउंड होई: पहिला चरण में बोल्नसोनारो आ लूला डिसिल्वा के बीचे कड़ा टक्कर, अब 30 अक्टूबर के होई फसीला। अब तक गिनल गइल मतन में डिसिल्वा के 48.4% आ बोल्नसोनारो के 43.23% वोट हासिल भइल।
  10. Ind Vs SA: विराट के तीसरा टी-20 से आराम; टीम इंडिया जीत चुकल बिया सीरीज, इंदौर में काल्ह होई दक्षिण अफ्रीका से आखिरी मुकाबला। Womnes Asia Cup: में भारत के दुसरका जीत, मलेशिया के डकवर्थ लुईस नियम से 39 रन से हरवलस, शेफाली-मेघना कइल लो 116 रन के पार्टनरशिप।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]