सांझ के 10 बड़ खबर

Share

  1. बिहार: जूनियर इंजिनियरन के नियुक्ति पs रोक, पटना हाईकोर्ट रिजल्ट कैंसिल कइलस, दोबारा बनी मेरिट लिस्ट।
  2. बिहार: लालू यादव आ जीतन राम मांझी पs गिरिराज सिंह के हमला, ओवैसी के चेतावनी, कहले- मत लियाव हमनी के परीक्षा।
  3. उत्तर प्रदेश: मुख्यमंत्री योगी के निरदेस- एक लाख से बेसी आबादी आला सभ नगरीय निकाय के गार्बेज फ्री बनावल जाव।
  4. उत्तर प्रदेश: लखीमपुर कांड- गृह राज्यमंत्री के बेटा आशीष मिश्रा के दोहरा झटका, जिला अदालत में 26 के तय होई आरोप।
  5. झारखंड: देवघर रोपवे हादसा से सीख, अब जलप्रपात में सुरक्षा पुख्ता करे के मुख्यमंत्री के आदेस।
  6. PM मोदी बनासकांठा के दियोदर में डेयरी प्लांट समेत कई गो विकास परियोजना के शिलान्यास कइले।
  7. अब पूरा दिल्ली ला होई एगो नगर निगम, राष्ट्रपति रामनाथ कोविंद दिहलेे मंजूरी।
  8. अफगानिस्तान: धमाकन से दहलल काबुल, चपेट में अइले दर्जनन लईका।
  9. दिल्ली हिंसा: पुलिस बोलल, प्रतिबंधित संगठन PFI के केनेक्सन के होई जांच, जे जे हथियार के संगे लउकल, सब गिरफ्तार।
  10. आईपीएल: लखनऊ आ बैंगलोर के मैच आज।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-