[the_ad_group id="30365"]

साँझ के 10 बड़ खबर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

  1. बिहार: बेरोजगार नवहन खातिर नीतीश कैबिनेट के बड़ फसीला, यूनिवर्सिटी-मेडिकल कॉलेजन में 1176 पद बढ़ल।
  2. बिहार: चोरन के सरदार हई, बयान पs अडले नीतीश के कृषि मंत्री बोलले- जवन कहनी पीछे ना हटेम। कहले रहस कृषि विभाग के कर्मचारी आ अधिकारी चोर हs लो, हम चोरन के सरदार।
  3. उत्तर प्रदेश: मॉनसून सत्र से पहिले एक्शन में अखिलेश यादव, बिहान से रोज 2 घण्टा विधानसभा के सामने सपा विधायकन के धरना। 19 सितंबर से सुरु हो रहल बा मॉनसून सत्र।
  4. उत्तर प्रदेश: गोरखपुर में बोलले सीएम योगी, विरासत के प्रति कृतज्ञता के भाव सनातन धर्म-संस्कृति के विशेषता।
  5. झारखंड: झारखंड में खतियान के ममिला फेर गरमाइल, स्पीकर बोलले- जेकरा लगे 1932 के खतियान, उहे मूलवासी।
  6. बंगाल में हिंसक भइल भाजपा के नबन्ना चलो मार्च: भाजपा कार्यकर्ता लोग पुलिस के गाड़ी जरावल, शुभेंदु अधिकारी के हिरासत में लेला से भड़कल लो। शुभेंदु अधिकारी के संगे लॉकेट चटर्जी समेत कइयन गो भाजपा नेता लो हिरासत में।
  7. जुबिन नौटियाल कॉन्सर्ट कॉन्ट्रोवर्सी: आर्गेनाइजर खलिस्तान सपोर्टर के बेचलस शो, सिंगर के बाबूजी बोलले- एक महीना पहिले शो केंसिल हो गइल।
  8. गोगरा-हॉटस्प्रिंग्स से पीछे हटल भारत-चीन के सेना: 16 वां कोर कमांडर बैठक में बनल रहे सहमति, 2020 में भइल झड़प के बाद बढ़ल रहे गतिरोध।
  9. भारत साल भर में करी 200 से बेसी G-20 मीटिंग: सितंबर 2023 में होई लीडर समिट, लाइफस्टाइल फ़ॉर एनवायरनमेंट प फोकस।
  10. टी -20 सीरीज खातिर बिहान भारत पहुंची ऑस्ट्रेलियाई टीम: 16 सितंबर के मोहाली में होई टीम इंडिया; 20 सितंबर से सीरीज के आगाज।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]