[the_ad_group id="30365"]

लखीमपुर खीरी हिंसा: आशीष मिश्र के बड़ झटका, लखनऊ कोर्ट खारिज कइले जमानत याचिका

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

लखीमपुर खीरी के तिकुनिया हिंसा मामला में मंत्री के बेटे आशीष मिश्र के बड़ झटका लागल बा। इलाहबाद हाईकोर्ट के लखनऊ बेंच आशीष मिश्र के जमानत याचिका खारिज क देहले बा। अभियुक्त, सरकार अउरी पीड़ित पक्ष के दलील के सुनला के बाद न्यायालय 15 जुलाई के आपन फैसला सुरक्षित क लेहले रहल।

हाईकोर्ट के लखनऊ बेंच लखीमपुर खीरी के तिकुनिया कांड मामले मे केंद्रीय गृह राज्य मंत्री अजय मिश्रा उर्फ टेनी के पुत्र आशीष मिश्र उर्फ मोनू के जमानत याचिका खारिज कर देहले रहल। न्यायालय कहलस कि रिकॉर्ड पर उपलब्ध तथ्यन के देखत आशीष मिश्र के जमानत पर रिहा नाई कईल जा सकsता। ई निर्णय न्यायमूर्ति कृष्ण पहल के एकल पीठ आशीष मिश्र के जमानत याचिका के खारिज करत पारित कइलस।

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]