[the_ad_group id="30365"]

एसके इंडस्ट्रीज फैक्टरी में लागल भीषण आग, तीन लोग के मौत अउर छह लोग घाही, मौका पर पहुंचलें अधिकारी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पुलिस कमिश्नरेट कानपुर नगर के थाना फजलगंज में स्थित एसके इंडस्ट्रीज फैक्टरी गड़रियनपुरवा चौकी क्षेत्र में साइकिल के गद्दी अउर पैडल बनवलें के काम होला। फैक्टरी में शार्ट सर्किट के चलते भीषण आग लग गइल। सूचना पर पुलिस अउर फायर ब्रिगेड मौका पs पहुंचल।

खूब मशक्कत के बाद आग बुतावल गइल। घटना में 11 लोग के रेस्क्यू कsके बहरा निकालल गइल बा। अग्नि कांड में फैक्टरी से पांच लोग के सकुशल निकालल गइल अउर छह लोग घाही भइल बानें। उहवें तीन लोग के मौत हो गइल बा। दू लोग के इलाज जारी बा अउर एक जनी के डिस्चार्ज कs दिहल गइल बा।

अग्निकांड में तीन लोग के मौत

फैक्टरी में लागल भीषण आग से जयप्रकाश सिंह (50) पुत्र राजेंद्र सिंह परिहार निवासी जनपद उन्नाव, नरेंद्र (40) उर्फ दिन्नू सैनी पुत्र स्व. श्री महावीर सैनी निवासी थाना सचेंडी कानपुर नगर अउर प्रदीप (28) उर्फ राजू पुत्र राम कुमार गौतम निवासी छतरपुर थाना, शिवराजपुर कानपुर नगर शामिल बानें।। उहवें, गौरव अउर मनोज घाही हो गइलें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]