[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर में डॉक्टर अउर बच्ची समेत तीन लोग मिलल कोरोना संक्रमित, नइखे कौनो ट्रैवल हिस्ट्री

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर शहर में बियफे के कोरोना के तीन नयका मरीज मिलल बानें। तीनों जनी महिला हई। आरटीपीसीआर जांच में तीनो जनी के रिपोर्ट पॉजीटिव आइल बा। संक्रमित लोग में एम्स के डॉक्टर अउर 12 साल के बालिका शामिल बाड़ी। ओंने, बियफे के जिला में 446 नमूना के जांच भइल। एम्स में 80 नमूनन के जांच कइल गई।

स्वास्थ्य विभाग के मुताबिक तीनों संक्रमित लोग के जांच एम्स के माइक्रोबायोलॉजी विभाग में भइल बा। आरटीपीसीआर जांच में तीनों संक्रमित मिललें। 12 साल के बालिका के झटका अइले के बीमारी बा। दू दिन पहिले परिजन उनके इलाज खातिर एम्स ले गइलें। ओके बुखार रहल।

एहतियातन चिकित्सक कोविड जांच करावे के सलाह दिहलें। जांच में ऊ संक्रमित मिलल। एम्स में तैनात इमरजेंसी मेडिकल ऑफिसर भी संक्रमित मिलल बानें। इनके अलावा एम्स में इलाज करावे पहुंचल 53 वर्षीय महिला भी संक्रमित मिलल बाड़ी। तीनों जनी के कौनो ट्रैवल हिस्ट्री नइखे।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]