Gorakhpur Mahotsav 2025: ऋचा शर्मा के गीतन पs देर रात तक झूमलें हजारन श्रोता, सांसद रवि किशन कइलें जुगलबंदी

गोरखपुर महोत्सव के समापन समारोह में बॉलीवुड के स्टार सिंगर ऋचा शर्मा आ सांसद रवि किशन जुगलबंदी कइल लो

Share


गोरखपुर : गोरखपुर महोत्सव के तीसरका दिन बॉलीवुड नाइट के अंतर्गत ऋचा शर्मा अपना प्रस्तुति से महफिल के सुहाना बना देली। रोमांचित लोगन के जइसही ऊ आपन सुप्रसिद्ध गीत “बिल्लो रानी” सुनवली, श्रोता थिरके बिना नहीं रह सके। ऋचा अपना कइयन गानन पs लोगन के देर तक झुमवली। ऋचा के संगे भोजपुरी अभिनेता आ गोरखपुर सांसद रवि किशन जुगलबंदी कइलें।

करीब साढ़े नौ बजे ‘ओ सजना रे, ओ राझणा रे’ के संगे ऋचा आपन प्रस्तुति के सुरुआत जइसही कइली, श्रोता लोग उनकर गर्मजोशी से शोर मचाके स्वागत कइल। उनका मंच पs आवतही श्रोता कुर्सियन से खड़ा हो गइल। तालियन के सामूहिक गूंज माहौल के खासा उत्साहित कs देलस। ऋचा एक के बाद एक गीत गाके श्रोता लोगन के मदहोश करत रहली। ‘सोनिया वे, माहिया वे’ , जिंदगी मे कोई कभी ना आए ना रब्बा…’ से ऊ लोगन के प्रेम से जोड़ली। जइसही ऋचा शर्मा सांसद रवि किशन के संगे जुगलबंदी में ‘नजर लागी राजा तोरे सुनवली श्रोता लोगन के उत्साह चरम पs पहुंच गइल। ऋचा श्रोतालोगन के को सुर से सुर मिलावे के कहली तs हजारन श्रोता के सामूहिक स्वर माहौल बदल देलस।

ऋचा जहां एक ओरि “लंबी जुदाई” गाके श्रोता लोगन के गमनीन कइली। ओहिजा, दूसरका ओर “माही वे मोहब्ब्ता सचिया आ तेरी काली अंखियों से जिंद मेरी जगे” गाके तालियन के गड़गड़हाट बटोरली। ऋचा देर रात तक श्रोता लोगन के झूमवली आ उनका आखिरी गाना के प्रस्तुति तक श्रोता सर्द रात में डटल रहल लो।

Read Also: Champions Trophy 2025 All Squads: चैंपियंस ट्रॉफी खातीर एह टीमन के स्क्वॉड के भइल ऐलान

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-