Entertainment: सलमान खान के सिकंदर के गदर, ईद से पहिले ही भाईजान के ईदी मिलल शुरू

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 15, 2025

फिल्म निर्माता ए.आर. मुरुगदॉस निर्देशित में बनल आ बॉलीवुड के सुपरस्टार सलमान खान अभिनीत फिल्म सिकंदर रिलीज होखे से पहिले ही हंगामा मचावे लागल बा। एतने ना, सलमान खान के प्रशंसक ईद से पहिले ही

Share

सलमान खान

फिल्म निर्माता ए.आर. मुरुगदॉस निर्देशित में बनल आ बॉलीवुड के सुपरस्टार सलमान खान अभिनीत फिल्म सिकंदर रिलीज होखे से पहिले ही हंगामा मचावे लागल बा। एतने ना, सलमान खान के प्रशंसक ईद से पहिले ही उनुका के ईद के उपहार दिहल शुरू कs देले बाड़े। सलमान खान के फिल्म सिकंदर के अबहीं ले खाली झलक रिलीज भइल बा बाकिर एह फिलिम के लोकप्रियता चार्ट में आपन जगहा बनावे लागल बा. एही से ई आईएमडी के 2025 के सबसे प्रतीक्षित फिलिमन के सूची में कई गो बड़का नामन के हरा के सबसे ऊपर आ गइल बा.

सलमान खान के सिकंदर आईएमडीबी पs जलवा

आईएमडीबी के एह सूची में सिकंदर के शीर्ष पs चहुँपे के जिम्मेदारी एह फिलिम के निर्देशक ए.आर. मुरुगदॉस कहले कि, ‘हमरा बेहद खुशी अवुरी गर्व बा कि सिकंदर के साल 2025 के सबसे प्रतीक्षित भारतीय फिल्म के सूची में सबसे ऊपर देखाई देता। सलमान खान के साथे काम कइल एगो अविश्वसनीय अनुभव रहल बा. उनकर ऊर्जा आ समर्पण सिकंदर के अइसन जीवंत बना दिहले बा जवना के शब्दन में ना बतावल जा सकेला. हम साजिद नाडियाडवाला के पूरा मन से धन्यवाद देत बानी कि एह प्रोजेक्ट के हकीकत में बदल दिहलन. सिकंदर के हर सीन दर्शकन के दिल में गहिराह छाप छोड़े खातिर तइयार कइल गइल बा. हम हर पल के अइसन डिजाइन कइले बानी कि ऊ हमेशा खातिर दर्शकन के साथे रहे.

इहो पढ़ीं: अतवारी छौंक: ‘बात कुछ पुरनका दौर के’ साया के जइसन ताउमिर साथे रहलें दिलीप कुमार आ सायरा बानो.. अइसन रहे लव स्टोरी

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.