Champions Trophy 2025 All Squads: चैंपियंस ट्रॉफी खातीर एह टीमन के स्क्वॉड के भइल ऐलान

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 13, 2025

आईसीसी चैंपियंस ट्रॉफी 2025 19 फरवरी से शुरू होखी.  अबकी बेर ई टूर्नामेंट हाईब्रिड मॉडल में खेलल जाई.  टीम इंडिया आपन सगरी मैच दुबई में खेली जबकि बाकी मैच पाकिस्तान के धरती पs खेलल जाई. 

Share

चैंपियंस ट्रॉफी 2025

आईसीसी चैंपियंस ट्रॉफी 2025 19 फरवरी से शुरू होखी.  अबकी बेर ई टूर्नामेंट हाईब्रिड मॉडल में खेलल जाई.  टीम इंडिया आपन सगरी मैच दुबई में खेली जबकि बाकी मैच पाकिस्तान के धरती पs खेलल जाई.  भारतीय टीम के मुकाबला 23 फरवरी के कट्टर प्रतिद्वंद्वी पाकिस्तान से होखी.  ई मैच दुबई में खेलल जाई.  भारत आ पाकिस्तान के एके समूह में राखल गइल बा.  न्यूजीलैंड आ बांग्लादेश भी एह समूह में बा।  ग्रुप बी में दक्षिण अफ्रीका, ऑस्ट्रेलिया, अफगानिस्तान आ इंग्लैंड शामिल बा.  एह टूर्नामेंट के शुरुआती मैच 19 फरवरी के कराची में खेलल जाई.  एह मैच में मेजबान पाकिस्तान के मुकाबला न्यूजीलैंड से होखी.  एह टूर्नामेंट के फाइनल नौ मार्च के खेलल जाई.  अगर भारत क्वालीफाई हो गइल त ऊ दुबई में सेमीफाइनल आ फाइनल समेत आपन सगरी मैच खेली.  एह टूर्नामेंट खातिर अधिकतर टीम आपन टीम के एलान कs चुकल बाड़ी सँ.  आईं चैंपियंस ट्रॉफी में भाग लेबे वाली टीमन के टीम पs नजर डालल जाव…

ग्रुप ए
भारत, बांग्लादेश, न्यूजीलैंड, पाकिस्तान
ग्रुप बी
अफगानिस्तान, इंग्लैंड, ऑस्ट्रेलिया, साउथ अफ्रीका

ICC चैंपियंस ट्रॉफी 2025 खातीर सभ टीमन के स्क्वाड
ग्रुप ए
भारत: अबे टीम के ऐलान कइल बाकी बा.

बांग्लादेश: नजमुल हुसैन शांतो (कप्तान), सौम्या सरकार, तंजीद हसन, तौहीद ह्रदय, मुशफिकुर रहीम, एमडी महमूद उल्लाह, जैकर अली अनिक, मेहदी हसन मिराज, रिशाद हुसैन, तस्कीन अहमद, मुस्तफिजुर रहमान, परवेज हुसैन इमोन, नसुम अहमद, तंजीम हसन साकिब, नाहिद राणा।

न्यूजीलैंड: मिचेल सेंटनर (कप्तान), माइकल ब्रेसवेल, मार्क चैपमैन, डेवोन कॉन्वे, लॉकी फर्ग्यूसन, मैट हेनरी, टॉम लैथम, डेरिल मिशेल, विल ओ’रूर्के, ग्लेन फिलिप्स, रचिन रवींद्र, बेन सियर्स, नाथन स्मिथ, केन विलियमसन, विल यंग।

पाकिस्तान: अबे टीम के ऐलान कइल बाकी बा.

ग्रुप बी
अफगानिस्तान: हशमतुल्लाह शाहिदी (कप्तान), इब्राहिम ज़दरान, रहमानुल्लाह गुरबाज़, सेदिकुल्लाह अटल, रहमत शाह, इकराम अलिखिल, गुलबदीन नायब, अज़मतुल्लाह उमरजई, मोहम्मद नबी, राशिद खान, एएम ग़ज़नफ़र, नूर अहमद, फ़जलहक फारूकी, फरीद मलिक, नवीद जादरान

रिजर्व: दरविश रसूली, नांग्याल खरोती, बिलाल सामी।

इंग्लैंड: जोस बटलर (कप्तान), जोफ्रा आर्चर, गस एटकिंसन, जैकब बेथेल, हैरी ब्रूक, ब्रायडन कार्स, बेन डकेट, जेमी ओवरटन, जेमी स्मिथ, लियाम लिविंगस्टोन, आदिल राशिद, जो रूट, साकिब महमूद, फिल साल्ट, मार्क वुड।

ऑस्ट्रेलिया: पैट कमिंस (कप्तान), एलेक्स कैरी, नाथन एलिस, आरोन हार्डी, जोश हेजलवुड, ट्रैविस हेड, जोश इंगलिस, मार्नस लाबुशेन, मिचेल मार्श, ग्लेन मैक्सवेल, मैट शॉर्ट, स्टीव स्मिथ, मिशेल स्टार्क, मार्कस स्टोइनिस, एडम जम्पा।

साउथ अफ्रीका: अबे टीम के ऐलान कइल बाकी बा.


इहो पढ़ीं : जोर-शोर से भइल महाकुंभ के महाआगाज, डुबकी लगवले के साथे हर तरफ लागत बा जयकारा

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.