[the_ad_group id="30365"]

जवना लोगन के केवाईसी ना होई , ओकर पेंशन ना आई – डीएम

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर: ग्राम पंचायत सचिवालय, विकासखंड आ तहसील स्तर पs सोमार से शिविर के आयोजन कs के बुजुर्ग पेंशनभोगी लोग के आधार के सत्यापन कइल जा रहल बा। डीएम बतवले कि 30 जुलाई तक इ अभियान चला के 100% पेंशन धारक के आधार लिंकिंग कईल जाई।

डीएम कृष्णा करुणेश बतवले कि सदर तहसील में उप-जिलाधिकारी सदर नगर क्षेत्र खातिर नामित कइल गइल बाड़े, एकरा संगही सहायक प्रभारी राजस्व निरीक्षक होइहे। एही क्रम में अलग-अलग तहसीलन जइसे कैंपियरगंज, बांसगांव, खजनी, सहजनवा, चौरी चौरा आ गोला में कैंप लगावल जाई।

ब्लॉ​​​क आ न्याय पंचायत स्तरो पs कैंप लगावल जाई, जेकरा खातिर जिम्मेदारन के चयन कइल गइल बा। एह लो के नेतृत्व में कैंप लगाके आधार वैरिफिकेशन कइल जाई। निदेशक समाज कल्याण लखनऊ के स्तर से निरदेस दिहल गइल बा कि वृद्धावस्था पेंशन के लाभार्थियन के अब अप्रिल 2022 से आधार बेस्ड भुगतान कइल जाये के बा।

दरअसल, जिला में वर्तमान में कुल 1 लाख 48 हजार 508 वृद्ध पेंशन पा रहल बा लो। एमे से खाली 63 हजार 23 आपन आधार लिंक कराके केवाईसी करवले बा लो। 85 हजार 485 लोग अभियो केवाईसी नइखे करवले लो। एकरा चलते ओह लो के पेंशन अबकी बेर ना भेजल जाई। केवाईसी होखला के बाद ओह लो के पेंशन इकट्ठा भेजल जाई।

जनसेवा केंद्र आ एह बेवसाइट से करावल जा सकत बा 

जिला प्रशासन बतावल कि लोग जनसेवा केंद्रन आ इंटरनेट के दुकानन पs जाके आधार लिंक करावल जा सकत बा। एकरा अलावे खुद https://sspy-up.gov.in वेबसाइट पs जाके आधार लिंक कराके केवाईसी करावल जा सकत बा। संगही जिला प्रशासन के ओर से सात तहसीलन आ 20 विकासखंडन के न्याय पंचायतन पs कैंपो लगाके केवाईसी करावल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]