[the_ad_group id="30365"]

पुण्यतिथि:नेताजी सुभाष चंद्र बोस के आखिरी तस्वीर, एह शहर में बितवले अंतिम रात

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

नेताजी सुभाष चंद्र बोस : आजु 18 अगस्त के नेताजी सुभाष चंद्र बोस के पुण्यतिथि ह। लेकिन एकरा से एक दिन पहिले 17 अगस्त भी बहुत महत्वपूर्ण दिन रहे। नेता खुद एह दिन बैंकॉक से उड़ान भर के वियतनाम के सायगोन (हो ची मिन्ह) पहुंचल रहले।17 अगस्त 1945 के सुबेरे जब उ बैंकॉक हवाई अड्डा से वियतनाम के सायगोन खातिर रवाना हो गईले त स्थानीय लोग अवुरी सैन्य अधिकारी के आंख में लोर बह गईल। केहू के मालूम ना रहे कि इ आखिरी मुलाकात होई। जहाज सबेरे 10 बजे सायगोन पहुंचल। अब उनका इहाँ से अउरी आगे के सफर करे के पड़ल।

वियतनाम के दनांग शहर में रात बितवले

बैंकाक से जब नेताजी सायगोन पहुंचले त पूरा सन्नाटा पसर गईल। इहाँ ना त हवाई जहाज रहे ना एयरपोर्ट पs कवनो आदमी। असल में जापान के सोझा आत्मसमर्पण कईला के बाद दु ​​दिन बीत गईल रहे। अइसना में केहू के पता ना रहे कि जापान में ओकरा कवनो फौजी विमान उड़ावे के इजाजत बा कि ना। अयीसना में सायगोन के आजाद हिंद फौज के स्थानीय अधिकारी चंद्रमल के तुरंत एयरपोर्ट आवे के कहल गईल। एकरा बाद नेताजी के सायगोन हवाई अड्डा से पास के दनांग शहर में रहे वाला भारतीय नारायण दास के घरे ले आवे के इंतजाम भईल। इहाँ उ रात रुकले अवुरी अपना साथी हबीब-उर-रहमान के संगे 18 अगस्त के अगिला दिने सुबेरे खातीर रवाना हो गईले।

नेताजी के आखिरी फोटो

नेता के आखिरी तस्वीर सायगोन हवाई अड्डा पs विमान से उतरले के समय के बा। एकरा बाद उनुकर कवनो ज्ञात तस्वीर नईखे।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]