Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

IND vs NZ: बारिश के कारण तीसरा वनडे रद्द, 41 साल बाद न्यूजीलैंड भारत के लगातार 2 सीरीज में हरवलस

823

केन विलियम्सन (kane Williamson) के नेतृत्व वाला न्यूजीलैंड टीम वनडे सीरीज 1-0 से जीत लेले बिया। तीसरा आ अंतिम मैच में (IND vs NZ) कीवी टीम निम्मन इस्थिति में रहे, बाकिर बरखा के चलते इहो मैच रद्द हाे गइल।

एकरा पहिले कीवी टीम पहिला मुकाबला में 300 से बेसी रन बनाके जीत हासिल कइले रहे। दूसरका मैच बरखा के कारण रद्द हाे गइल रहे। ओहिजा टी20 सीरीज टीम इंडिया 1-0 से जीतले रहे। एह तरे न्यूजीलैंड टी20 सीरीज में मिलल हार के बदलो ले लेले बिया। तीसरा वनडे में भारतीय टीम पहिले खेलत खाली 219 रन बना सकल रहे। वॉशिंगटन सुंदर सबसे जादे 51 रन बनवलें। बाद में न्यूजीलैंड बरखा के कारण खेल रोकल जाये तक 18 ओवर में एक विकेट पs 104 रन बना लेले रहे। कॉनवे 38 आ विलियम्सन 0 पs नाबाद रहल लो।

न्यूजीलैंड वनडे सीरीज जीतला के संगही 41 साल पुराना रिकॉर्ड के फेर से दोहरा देले बा। कीवी टीम भारत के खिलाफ लगातार दूसरका वनडे सीरीज जीतलस। पिछला सीरीज में ओकरा 3-0 से जीत मिलल रहे। एकरा पहिले न्यूजीलैंड 1981 में ई कारनामा कइलें रहे। लक्ष्य के पीछा करे उतरल न्यूजीलैंड के ओपनर बल्लेबाज डेवॉन कॉनवे आ फिन एलेन बढ़िया सुरुआत दिलावल लो। दुनु पहिला विकेट खातिर 16.3 ओवरन में 97 रन जोड़लें। एलेन 54 गेना पs 57 रन बनाके तेज गेंदबाज उमरान मलिक के शिकार भइलें। ऊ 8 चौका आ एगो छक्का लगवलें।

सुंदर जड़लें अर्धशतक

एकरा पहिले भारतीय टीम बल्लेबाजन के लचर प्रदर्शन के कारण अंतिम वनडे में 47.3 ओवर में 219 रन पs सिमट गइल। आधा टीम 25.3 ओवर में पवेलियन लवट चुकल रहे। वॉशिंगटन सुंदर (64 गेना में 51 रन, 5 चौका आ1 छक्का)  अर्धशतकीय पारी खेल सकलें, जवना के बदौलत टीम 200 रन के स्कोर पार कर सकल। ई स्पिन ऑलराउंडर एकरा पहिले पहिलका वनडे में भारत के 7 विकेट पs 306 रन की पारी में 16 गेना में नाबाद 37 रन बनाके आपन काबिलियत के नजारा पेश कइलें रहलें, ऊ आउट होखे वाला अंतिम खिलाड़ी रहलें।

मिल्ने टॉप ऑर्डर के बिखेरलें 

उनका पहिले श्रेयस अय्यर (49 रन) निम्मन सुरूआत के फायदा ना उठा सकलें आ अपना पचासा से एक रन पहिले आउट हो गइलें। बरखा के कारण रद्द भइल दूसरका वनडे में एडम मिल्ने ना खेलल रहस, बाकिर एह मैच में उनकर वापसी भइल। ऊ भारतीय शीर्ष क्रम के झकझोरत 57 रन देके 3 विकेट हासिल कइलें। मिल्ने कप्तान शिखर धवन (28 रन) आ शुभमन गिल (13 रन) के विकेट प्राप्त कइलें। फेर ऊ सूर्यकुमार यादव (06) के रूप में भारत के महत्वपूर्ण विकेट चटकवलें।

मिचेल के मिलल 3 विकेट

भारतीय बल्लेबाजन में खाली अय्यरे पारी के दौरान नियंत्रण में लउकलें, ऊ कुछ दर्शनीय शॉट लगवलें, बाकिर ऊ लॉकी फर्ग्यूसन के गेना पs डेवॉन कॉनवे के कैच देके आउट हो गइलें। अय्यर 59 गेना क पारी के दौरान 8 गो चौका लगवलें, बाकिर उनका आउट होखला के बाद भारत मुश्किल में आ गइल, काहेकि आधा टीम 121 रन पs पवेलियन पहुंच चुकल रहे। कप्तान केन विलियमसन अपना रणनीति से प्रभावित कइलें आ गेंदबाजन के चतुराई से रोटेट कइलें। पांचवां गेंदबाज डेरिल मिचेल 25 रन देके 3 खिलाड़ियन के विकेट झटकलें जबकि मैट हैनरी (10 ओवर में 2मेडन से 29 रन) किफायती साबित भइलें। अनुभवी तेज गेंदबाज टिम साउदी 36 रन देकर 2 विकेट झटकलें

मिलल रहे धीमा सुरुआत

न्यूजीलैंड टॉस जीतके भारत के बल्लेबाजी के न्योता देलस, जवन धीमा आ सतर्क सुरुआत कइलस। गिल पहिला 2 वनडे में बहुते आक्रामक लउकल रहस, बाकिर आज ऊ स्ट्रोक खेले में बहुते सतर्क दिखलें आ 18 गेना में खाली 5 रन बना सकलें जबकि उनकर सीनियर जोड़ीदार धवन आक्रमक दिखलें। धवन तीसरा ओवर में बाहर निकलके खेलत साउदी पs एगो छक्का जड़लें बाकिर ई गेंदबाज वापसी करत आपन अगिला ओवर मेडन डललें। ओहिजा हैनरी दूसरा छोर पs कसल गेंदबाजी करत रहस।

सूर्यकुमार फेर भइलें फेल

पावरप्ले के अंत में भारतीय सलामी बल्लेबाज धीरे-धीरे हाथ खोलल सुरू कइल लो, जेमे गिल मिल्ने पs लगातार 2 चौका जमवलें। बाकिर जल्दिये संयम खो बइठलें आ अगिलके गेना पs स्क्वायर लेग में खेले के कोसिस में शार्ट मिडविकेट पs कैच देके आउट भइलें। रन गति बढ़ावे के कोसिस में जुटल धवनो मिल्ने के दूसरका शिकार बनलें। टी20 में धमाकेदार प्रदर्शन करे वाला सूर्यकुमार पिच पs जादे समय ना बिता सकलें आ मिल्ने के तीसरा शिकार बनलें।

दूसरका वनडे में संजू सैमसन के बाहर रखे खातिर आलोचना के बावजूद दीपक हुडा के टीम में बरकरार रखल गइल, जवन फेर से प्रभावित ना कs सकलें आ 12 रन पs आउट भइलें। अय्यर के आउट होखला के बाद भारत के साझेदारी के सख्त जरूरत रहे, बाकिर हुडा क्रीज पs सुंदर के साथ ना निभा सकलें। ऊ साउदी के उछाल लेत गेना पs आउट भइलें।

396040cookie-checkIND vs NZ: बारिश के कारण तीसरा वनडे रद्द, 41 साल बाद न्यूजीलैंड भारत के लगातार 2 सीरीज में हरवलस

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.