[the_ad_group id="30365"]

पाकिस्तान बनाम इंग्लैंड: पाकिस्तान में इंग्लैंड के खिलाड़ियन पर वायरस के हमला, टेस्ट से पहिले स्टोक्स समेत कई खिलाड़ी बीमार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

इंग्लैंड के टीम फिलहाल पाकिस्तान के दौरा पर बा। दूनों टीम के बीच बियफे से रावलपिंडी में टेस्ट सीरीज के शुरुआत हो रहल बा। एहसे पहिले इंग्लैंड के खिलाड़ियन पर वायरस के हमला भइल बा। कप्तान बेन स्टोक्स समेत कई खिलाड़ी बीमार पड़ गइल बानें। मीडिया रिपोर्ट्स के मुताबिक, इंग्लैंड के टीम के 14 सदस्य के टीम होटल में आराम करे के कहल गइल बा। खाली पांच खिलाड़ी अइसन बानें, जे बुध के प्रेक्टिस करे अइलें।

मीडिया रिपोर्ट्स के मुताबिक, इंग्लिश खिलाड़ियन में कोरोना के कौनो लक्षण नइखें। टीम मैनेजमेंट के उम्मीद बा कि खिलाड़ी 24 घंटा में ठीक हो जाई। बुध के ही इंग्लैंड पहिले टेस्ट खातिर प्लेइंग-11 के घोषणा कइले रहल। लियाम लिविंगस्टोन टेस्ट में डेब्यू करे जा रहल बाने।

पहिले टेस्ट खातिर इंग्लैंड के प्लेइंग-11:

जैक क्राउली, बेन डकेट, ओली पोप, जो रूट, बेन स्टोक्स (कप्तान), हैरी ब्रूक, बेन फोक्स, लियाम लिविंगस्टोन, जैक लीच, ओली रॉबिन्सन, जेम्स एंडरसन।

इंग्लैंड के टीम फिलहाल शानदार फॉर्म में बा। स्टोक्स के कप्तान बनले अउर ब्रैंडन मैकुलम के कोच बनले के बाद से टीम अलगे स्ट्रैटजी के संगे खेलत रहल। एके बैजबॉल इफेक्ट भी कहल गइल बा। दरअसल, ‘बैज’ मैकुलम के निकनेम बा। ऊ जब से कोच बनल बानें तब से इंग्लैंड के टीम केतनो बड़ स्कोर के आसानी से चेज कs रहल बा। इंग्लैंड के टीम घरेलू मैदान पर पिछले सात में से छह टेस्ट जीतल बा।

मैकुलम क्रिस सिल्वरवुड के जगह टेस्ट में कोच बनलें। जीत से पहिले इंग्लैंड के टीम 17 टेस्ट हार चुकल रहे। एशेज में ऑस्ट्रेलिया के खिलाफ 4-0 से हारो शामिल बा। एकरे बाद जो रूट के टेस्ट के कप्तानी से भी हटा दिहल गइल रहे।

हालांकि, अब इंग्लैंड के पाकिस्तान के खिलाफ उनके घर में टेस्ट खेले ले बा। उहां स्लो अउर टर्निंग पिच होई। इंग्लैंड पाकिस्तान में पिछला टेस्ट 2005 में खेलले रहे। एकरे बाद सिक्योरिटी कारण से कौनो टीम पाकिस्तान के दौरा नाइ करत रहे। हालांकि, अब इंग्लैंड के टीम 17 साल बाद टेस्ट खेले पाकिस्तान पहुंचल रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]