[the_ad_group id="30365"]

Smartphone Tips: स्मार्टफोन में स्क्रीनगार्ड लगावे से पहिले जान लीं ई टिप्स, बाद में ना होई पछतावा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

लोगन के जिनगी के अहम हिस्सा बन चुकल स्मार्टफोन के संभारके रखल बहुत जरूरी बा। फोन में आइल तनिको खराबी से कइयन गो काम रुक जाला। अइसन में फोन के अंदर आ बाहर दुनो तरफ से सुरक्षित रखे के पड़ेला। एह डिवाइस के वजह से लोग चटिंग, दस्तावेजन के शेयर कइल, अपना करीबियन के संगे बनल रहल आ रोज के कइयन गो कामन में बहुते इस्तेमाल होला। अइसन में फोन के स्क्रीन के सेफ रखल बहुते जरूरी बा। इहे वजह बा कि स्क्रीन के सेफ रखे खातिर सही स्क्रीनगार्ड के चयन कइल बहुते जरूरी बा।

एंटी स्क्रैच होखे स्क्रीनगार्ड

जदि नया स्मार्टफोन बा तs राउर फोन के स्क्रीन के साफ आ सुरक्षित रखे खातिर आ स्क्रैच से बचावे, अइसन स्क्रीनगार्ड के इस्तेमाल करे के बा। फोन के स्क्रीन के स्क्रैच के संगे कैंची जइसन नुकीला चीज से नुकसान ना होखे, अइसन स्क्रीनगार्ड के चुनाव करी।

फोन चलावे में ना होखे दिक्कत

फोन नया होखे भा फेर पुराना होखे, बाकिर फोन के स्क्रीन के सेफ रखे खातिर अइसन स्क्रीनगार्ड के चुनाव करी, जवना के स्क्रीन पs लगवला के बाद फोन चलावे में कवनो तरे के दिक्कत ना होखे। मतलब फोन चलावे के एक्सपीरियंस पs कवनो फरक ना पड़ें। फोन के टच कंट्रोल बेहतर बनल रहे।

सही साइज के करी चुनाव

अक्सर लोग दुकान वाला से भा फेर ऑनलाइन गलत साइज के स्क्रीनगार्ड ले लेवे ला। अइसन में फोन के स्क्रीन के सही से सुरक्षा ना मिल पावेला। अइसन में फोन के स्क्रीन के नुकसान हो सकत बा। अइसन में स्क्रीनगार्ड के साइज बहुते मायने रखत बा।

फिंगरप्रिंट आ ऑयल फ्री

स्मार्टफोन के जरूरत कबो-कबो कवनो समय पs पड़ सकत बा। अइसन में फोन के स्क्रीन पs लागे वाला स्क्रीनगार्ड एंटी फिंगरप्रिंट आ ऑयल के दूर करे वाला होखे, मतलब स्क्रीन पs कवनो तरे के फिंगरप्रिंट के निशान आ ऑयल टिक न सके। जदि स्क्रीन पs फिंगरप्रिंट आ ऑयल के निशान लग जात बा तs फेर स्क्रीन धुंधला हो जाला। अइसन में एह बात के खास ध्यान रखीं।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]