[the_ad_group id="30365"]

5 रुपया के इ तीनों घरेलू उपाय गर्मी में यूरिक एसिड के नियंत्रित करे में कारगर बा, आ दरद मे राहत मिली

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

5 रुपया के इ तीनों घरेलू उपाय गर्मी में यूरिक एसिड के नियंत्रित करे में कारगर बा, आ दरद मे राहत मिली

किडनी हमनी के शरीर के एगो महत्वपूर्ण अंग ह। एकर काम होला कि ऊ पदार्थ शरीर से निकालल जाव जवन हमनी के शरीर खातिर जरूरी नइखे| हमनी के जवन भी खानी जा ओकरा से यूरिक एसिड बनेला। किडनी के काम यूरिक एसिड के छानल होखेला। छानला के बाद अधिकांश यूरिक एसिड मूत्र के माध्यम से शरीर से बाहर निकल जाला। जब किडनी ए यूरिक एसिड के छाने में असमर्थ होखेला त इ हमनी के शरीर में गोड़ के हड्डी में जमा होखे लागेला। शरीर में यूरिक एसिड बढ़ला पे हड्डी, अंगुरी अउरी जोड़ में दर्द महसूस होखेला। बोखार के समस्या बा। गोड़ के टखना में दर्द होला। रउआ देखले बानी कि यूरिक एसिड बढ़ला से कवना तरह के समस्या होखेला। अब हमनी के एकरा के कम करे के कुछ घरेलू उपाय बतावे जा रहल बानी जा:-

अजवाईन : हमनी के खाना के स्वादिष्ट बनावे खातिर अजवाईन के इस्तेमाल करेनी जा, लेकिन औषधीय गुण से भरल रसोई में मिलेवाला इ मसाला यूरिक एसिड के मरीज खातीर बहुत फायदेमंद होखेला। एकरा इस्तेमाल से शरीर में यूरिक एसिड के मात्रा के नियंत्रित कईल जा सकता। एकर इस्तेमाल खाना बनावे में डाल के कइल जा सकेला |

नींबू : नींबू में विटामिन सी होला जवन अम्लीय होला। इ यूरिक एसिड के कम करेला। सबेरे नींबू के रस में मिला के गुनगुना पानी पी के यूरिक एसिड कम कईल जा सकता।

 बेकिंग सोडा : आधा चम्मच बेकिंग सोडा के एक गिलास पानी में घोल के 10-12 दिन तक लगातार पीये से यूरिक एसिड के बढ़ल स्तर कम हो सकता।

 (ई लेख सामान्य जानकारी खातिर बा, कवनो उपाय अपनावे से पहिले डॉक्टर से सलाह लेवे के पड़ी)

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]