[the_ad_group id="30365"]

रोज केतना डेग चले के चाहि..इहाँ जान लीं, वजन मेंटेन रहेला, पेट पे चर्बी ना बढ़ेला

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

रोज केतना डेग चले के चाहि..इहाँ जान लीं, वजन मेंटेन रहेला, पेट पे चर्बी ना बढ़ेला

वजन घटावे खातिर चलीं : एक बेर शरीर में चर्बी बढ़ गईला के बाद ओकरा के कम करे में पसीना छूट जाला। एकरा के पिघलावे खातिर बहुत खाए-पीए के चीज पे रोक लगावे के पड़ेला। मनपसंद पकवान देख के मन के मारे के पड़ेला। पूरी पराठा जइसन तेल वाला आ अउरी जंक आ फास्ट फूड जइसे कि पिज्जा, बर्गर, चाउमीन के छूवे के भी जरूरत नइखे। लेकिन रोज सबेरे-सांझ के टहले जाएब त मोटापा से कबहूँ परेशानी ना होई। दिनचर्या में चले के शामिल कईला से वजन बनल रहेला अउरी पेट, कमर, जांघ में चर्बी जमा ना होखेला। लेकिन सवाल बा कि फिट रहे खातिर रोज केतना स्टेप (MORNING WALK) चलल एकदम सही बा?

अगर रउआ रोज 10000 कदम चलत बानी त रउआ पेट बाहर ना निकली अउरी हाथ-गोड़ के मांसपेशी भी मजबूत होई। लेकिन बात इ बा कि समय के कमी के चलते कामकाजी लोग के एतना स्टेप पूरा कईल मुश्किल हो जाला, एहसे इहाँ हम रउआ के बतावत बानी कि ए लक्ष्य के पूरा करे के एगो आसान तरीका।

एक दिन में स्टेप पूरा कईसे क सकेनी-

•कुछ देर में ऑफिस के सीट से निकल के पानी आ कॉफी पीये खातिर उठ जाई। एकरा चलते आपके शरीर में कवनो अकड़न ना होई अउरी शरीर के भी आराम मिली।

•लिफ्ट के जगह सीढ़ी के इस्तेमाल करीं। अयीसन कईला से आप अपना पेट पे चर्बी के बढ़े से रोके में सक्षम होखब। एकरा अलावे गाड़ी के कुछ दूरी पे खड़ा करे के चाही ताकि आपके पैदल चले के अधिकतम मौका मिल सके। साथ ही घर के सामान खरीदे खातिर बाजार के गाड़ी के इस्तेमाल करे के बजाय पैदल चले के चाहीं।

•एकरा संगे-संगे पैदल चलल शुरू कईला के 5 मिनट के बाद तेजी से चले शुरू करीं। एकरा चलते शरीर में जमा चर्बी पसीना के रूप में निकली।

अस्वीकरण: ई लेख खाली सलाह समेत सामान्य जानकारी देले। ई कवनो तरह से योग्य चिकित्सा राय के विकल्प नइखे| अधिक जानकारी खातिर हमेशा कवनो विशेषज्ञ आ अपना डॉक्टर से सलाह लीं| खबर भोजपुरी एह जानकारी के जिम्मेदारी नइखे लेत|

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]