Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

शुगर के मरीजन खातिर अमृत समान बा ई फूड्स, अजुए डाइट में करीं शामिल

1,774

डायबिटीज चाहे मधुमेह आनुवंशिकी अउर जीवन शैली कारक के संयोजन से उपजी एगो बीमारी ह, ब्लड में शुगर के मात्रा बढ़ गइले से डायबिटीज होला। डायबिटीज में आपके शरीर या त पर्याप्त इंसुलिन नाइ बनावला या ऊ जौन इंसुलिन बनावला, उनकर प्रभावी ढंग से उपयोग नाइ कs सकsला। हाई ब्लड शुगर आपके नस, आंख, किडनी अउर अन्य अंग के नुकसान पहुंचा सकsता।

अइसन में जरूरी बा कि आप डायबिटीज के लक्षण के पहिचाने अउर समय रहते इलाज करीं, एकरे सथही आप आपन डाइट में कुछ चीज के शामिल कsके डायबिटीज पर कंट्रोल कर सकतनी। डायबिटीज पर कंट्रोल करे खातिर आप आपन डाइट में कुछ खास फूड्स शामिल कर सकतनी।

1. दही

दही प्रोबायोटिक्स से भरपूर होला जौन ब्लड में शुगर के लेवल के कम करे में मदद करsला। शुगर के मरीज दही के सेवन करतने त ई शुगर लेवल कंट्रोल करे में मददगार साबित होला. आप लंच में दही शामिल करीं, ई एके खइले के सबसे नीम्मन समय बा।

2. सीड्स

कद्दू के बीज, अलसी के बीज अउर चिया सीड्स आदि बीज ढेर पोषक तत्व से भरपूर होलें सब। ई सब बीज फाइबर अउर एंटीऑक्सिडेंट से भी भरपूर होला. हाई फाइबर होखले के वजह से ई सीड्स डायबिटीज के मरीजन खातिर बेहतरीन मानल जाला।

3. नट्स चाहे मेवे

बादाम, पिस्ता, काजू, अखरोट अउर मूंगफली जइसन ड्राई फ्रूट्स में फाइबर, विटामिन्स अउर स्वस्थ वसा होला, जौन शुगर के मरीजन खातिर बहुते फायदेमंद हो सकsला।

4. फैटी फिश

वसायुक्त मछलियन में ओमेगा -3 फैटी एसिड होला जेके इकोसापेंटेनोइक एसिड अउर डोकोसाहेक्सैनोइक एसिड कहल जाला। हार्ट अउर ब्रेन के स्वास्थ्य के बढ़ावा देवे खातिर कुछ निश्चित मात्रा में स्वस्थ वसा के जरूरत होला। पॉलीअनसेचुरेटेड अउर मोनोअनसैचुरेटेड फैट्स ब्लड शुगर में भी सुधार कs सकsता। कुछ मछली पॉलीअनसेचुरेटेड अउर मोनोअनसैचुरेटेड फैट के बेहतरीन सोर्स होली सब, जइसे- सैल्मन, सार्डिन, अल्बकोर ट्यूना, हिलसा और ट्राउट।

अस्वीकरण: सलाह सहित ई सामग्री केवल सामान्य जानकारी प्रदान करेले। यह कौनो भी तरह से योग्य चिकित्सा राय के विकल्प नाइ बा।

354280cookie-checkशुगर के मरीजन खातिर अमृत समान बा ई फूड्स, अजुए डाइट में करीं शामिल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.