[the_ad_group id="30365"]

बाल होखे लागल बा सफेद त हफ्ता में खाली एक बेर लगाईं ये 5 चीज, अपने आप करिया होखे लागी बाल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बाल के सफेद होखल आजकल बहुते आम समस्या हो गइल बा, इहां ले कि किशोरन अउर लइकन में भी सफेद बाल के समस्या देखे के मिल जात बा। हालांकि, कम उम्र में ही बाल के सफेद होखले के पीछे के कारण के अभिन ले पता त नाइ चल पवले बा, लेकिन अइसन मानल जाला कि बढ़त उम्र, खराब जीवनशैली, खानपान के कमी अउर अन्य जेनेटिक्स कंडीशन के कारण बाल सफेद होखे लागsला। लेकिन आपके चिंता करे के जरूरत नइखे।

आजु एह लेख में हम आप के 5 अइसन चीज के बारे में बतावे जा रहल बानें, जेके लगाकर सफेद होखे वाला बाल रोकल जा सकsता। अगर आपके सिर में एक दू बाल सफेद दिखे लागल बा, त आप अजुए से एह चीजन के लगावल शुरू कs देवे के चाहीं।

1. आंवला

बढ़त सफेद बाल के रोके खातिर आंवला के इस्तेमाल कइल काफी फायदेमंद बा। विटामिन सी के अलावा एहमें कई दूसर तत्व पावल जाला। जौन सफेद बाल के तुरंत रोकले में मदद करsला। आप आंवला पीस के अउर ओमें थोड़ा पानी मिला के बाल पर लगा सकतनी।

2. करी पत्ता

सफेद हो रहल बाल के रोके खातिर करी पत्ता काफी प्रभावी मानल गइल बा। करी पत्ता बाल के जरूरी पोषण देला, जेसे बाल के जल्दी सफेद होखल रुक जाला। आप करी पतई के पीस के बाल में मेहंदी के तरह लगा सकतनी।

3. भृंगराज

एके नेचुरल डाई के नाम से भी जानल जाला, काहेसेकि ई बाल के काला करे में काफी प्रभावी रूप से काम करsला। अगर आपके सफेद बाल हो रहल बा, त भृंगराज के तेल चाहे पाउडर के बाल में लगावल जा सकsता। हालांकि, 30 मिनट के बाद बाल के कौनो हलुक शैंपू से धो लेईं।

4. ब्लैक कॉफी

बाल खातिर ब्लैक कॉफी के इस्तेमाल जेतना आसान बा, ओतनही ई प्रभावी रूप से भी काम करsला। आधा कप कॉफी उबाल लेईं अउर फिर छान के ओके निम्मन से पीस लेईं। एकरे बाद सीधे बाल पर लगाईं अउर कम से कम 20 मिनट तक लागल रहे देईं।

5. एलोवेरा

खाली स्किन खातिर ही नाइ, बलुक एलोवेरा के इस्तेमाल बाल के काला करे खातिर भी कइल जाला। ताजा एलोवेरा के जेल के बाल में लगवले से ई बाल के जरूरी पोषक तत्व देला अउर सथही बाल खराब होखले के गति के रोकsला।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]