[the_ad_group id="30365"]

उत्तर प्रदेश में स्वास्थ्य कर्मियन के तीनों विंग के होई एकीकरण, वेतन भत्ता पs नाइ पड़ी कौनो फर्क, शासन के भेजल गइल प्रस्ताव

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

लमहर समय से कर्मचारियन के मांग देखत स्वास्थ्य विभाग के तीनों विंग के एकीकरण कइल जाई। सब कर्मियन के सेवा नियमावली एक्के होई अउरी नियुक्ति प्राधिकारियो एक्के रही। शासन के एकर प्रस्ताव भेज दिहल गइल बा।

पहिले चरण में स्वास्थ्य महानिदेशालय, परिवार कल्याण महानिदेशालय अउरी राज्य स्वास्थ्य अउरी परिवार कल्याण प्रशिक्षण संस्थान के कर्मियन के एकीकरण कइल जाई। दूसरका चरण में परिधिगत कार्यालय यानी जिला के कर्मियन के शामिल कइल जाई। एसे चार के बजाय सेवा नियमावली एक हो जाई।

‘एक सेवा नियमावली’ बनला से वरिष्ठता सूची भी एक हो जाई। हालांकि वेतन-भत्ता पर कौनो फरक नाइ पड़ी। स्वास्थ्य विभाग के निदेशक प्रशासन डॉ. राजा गणपति आर के अध्यक्षता वाली पांच सदस्यीय कमेटी शासन के प्रस्ताव भेज दिहलें बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]