[the_ad_group id="30365"]

नाइ मिल रहल बा मनपसंद बोतल: मयखाना से मायूस लौट रहल बानें शराब के शौकीन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

शराब के शौकीन लोग के मयखाना से मायूस हो के लौटे के पड़ रहल बा। प्राइवेट दुकानन के जगह सरकारी व्यवस्था के तहत दुकान त खुल गइल बा लेकिन उहां मनपसंद ब्रांड नाइ मिल रहल बा। बीयर के स्टॉक भी गायब बा। अइसन में कई लोग पब, बार, रेस्टोरेंट के तरफ रूख कs रहल बानें त उहवें आदत से मजबूर लोग पसंद के ख्याल कइले बगैर जौन भी मिलsता ओही के खरीद रहल बानें।

सरकारी व्यवस्था के तहत शराब के दुकान खुलले चार दिन बीत गइल बा लेकिन अइसन बुझाता जइसे आनन-फानन में लाइसेंस जारी कइल गइल बा। हालांकि आबकारी विभाग के कहनाम बा कि दिल्ली पर्यटन अउर परिवहन विकास निगम, दिल्ली राज्य औद्योगिक बुनियादी ढांचा विकास निगम, दिल्ली दिल्ली राज्य नागरिक आपूर्ति निगम समेत दूसर उपक्रम एही महीना में 500 शराब के दुकान खोल लीहें।

एकरे संगही एयरपोर्ट के तरह मेट्रो स्टेशन में भी बड़ संख्या में शराब के बिक्री कइल जाई। कॉमर्शियल कॉम्प्लेक्स, शॉपिंग सेंटर, मॉल में भीड़ बेसी होत बा। लिहाजा एह परिसर में भी दुकान खोलल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]