[the_ad_group id="30365"]

सड़क पs खड़ा गाड़ी के तस्वीर भेजे वाला के 500 रुपिया के मिली इनाम, मालिक पs लागी जुर्माना, नितिन गडकरी के ऐलान

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Wrongly Parked Vehicle: जदि कवनो व्यक्ति गलत तरीका से सड़क पs खड़ा कइल गइल वाहन के तस्वीर भेजत बा, तs ओकरा 500 रुपिया के इनाम मिली। सरकार जल्दिये एह तरे के एगो कानून ले आवे जा रहल बिया। ओहिजा पार्किंग गलत तरीका से करे वाला वाहन मालिक के 1000 रुपिया के जुर्माना देवे के होई। केंद्रीय सड़क परिवहन आ राजमार्ग मंत्री नितिन गडकरी (Nitin Gadkari) बियफे के ई जानकारी देले।

दिल्ली में एगो कार्यक्रम के संबोधित करत नितिन गडकरी कहले कि ऊ सड़क पs गलत तरीका से वाहन खड़ा करे के प्रवृत्ति के रोके खातिर एगो कानून ले आवे पs विचार कर रहल बाड़े।

ले अइहें कानून’

केंद्रीय मंत्री नितिन गडकरी (Nitin Gadkari) कहले, ” हम एगो कानून ले आवे आला बानी कि रोड पs जे वाहन खड़ा करी, ओकरा पs 1,000 रुपिया के जुर्माना लगावल जाई। ओहिजा गलत तरीका से वाहन खड़ा करे वालन के तस्वीर खींचके भेजे वालन के एमे से 500 रुपिया दिहल जाई।”

मंत्री एह बात पs दुख जतवले कि लोग अपना वाहनन खातिर पार्किंग के जगह ना बनावे। एकरा बजाय ऊ आपन वाहन सड़क पs खड़ा करेला।

कुछ हलुक अंदाज में नितिन गडकरी (Nitin Gadkari) कहले, ”नागपुर में हमरा रसोइया तक के लगे दू गो सेकेंड हैंड वाहन बा। आज चार सदस्य के परिवार के लगे छव को कार होला। अइसन लागत बा कि दिल्ली के लोग भाग्यशाली बा। हमनी के ओह लो के वाहन खड़ा करे ला सड़क बनवले बानी सs।”

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]