[the_ad_group id="30365"]

यूपी में गुड गवर्नेंस इंडेक्स ले आवे के तइयारी में योगी सरकार, जानीं पूरा प्लान

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

यूपी में सुशासन के इस्थिति अब जिला स्तर पs जानल जा सकी। योगी सरकार जिला के हिसाब से जीडीपी तइयार करवला के बाद अब हर जिला खातिर गुड गवर्नेंस इंडेक्स ले आवे के तइयारी में बिया। एकरा से पता चली कि अलग-अलग सक्टर में कवना जिला के का इस्तिथि बा। कवन जिला कवना तरे आगे तरक्की करत बा भा नाजुक इस्थिति में बा। एह अभियान के शुरू करे वाला यूपी दूसरका राज्य बा। एकरा पहिले जम्मू-कश्मीर अपना 20 जिलन खातिर सुशासन इंडेक्स तइयार कs लेले बा।

केंद्र सरकार एकरा खातिर भारतीय लोक प्रशासन के क्षेत्रीय शाखा के एकर जिम्मा देले बिया। एकरा पहिले मानक तय होई। ओकरा बाद एह आधार पs जिलावार आंकड़ा तइयार होई। कृषि आ संबंधित सेक्टर, पर्यावरण, सामाजिक कल्याण आ विकास, मानव संसाधन, आर्थिक वृद्धि, नागरिक केंद्रित शासन, न्याय आ जनसुरक्षा, वाणिज्य आ उद्योग आउर जनसुविधा एह सेक्टरन में मानक निर्धारित होई।

केंद्र सरकार ने गुडगवर्नेंस पs जवन रिपोर्ट 2020-21 जारी कइले बा, ओकरा मोताबिक दस सेक्टर में 58 संकेतक पs राज्यन के परफार्मेंस आंकल गइल बा। वाणिज्य आ उद्योग के ममिला में यूपी अपना 8 राज्यन के समूह में नंबर एक पs बा। जबकि उड़ीसा के दूसरा स्थान मिलल बा। मानव संसाधन में यूपी अपना समूह में उड़ीसा के बाद नंबर दू पs बा। एह समूह में आउर राज्य बिहार, छत्तीसगढ़, पश्चिम बंगाल, झारखंड, राजस्थान आ मध्य प्रदेश बा। एही समूह में यूपी अच्छा प्रदर्शन कइले बा। इहां प्राथमिक चिकित्सा केंद्रन पs चिकित्सकन के उपलब्धता 29.81 प्रतिशत से बढ़के 71.11 प्रतिशत हो गइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]