[the_ad_group id="30365"]

राष्ट्रीय नाट्य विद्यालय में चयनित रंगकर्मियन के भइल सम्मान, अभियान थियेटर से भइल बा चार रंगकर्मियन के चयन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर। शाही मार्केट इस्थित अभियान रूम थिएटर में सनीचर के सम्मान समारोह के आयोजन कइल गइल। जेमे राष्ट्रीय नाट्य विद्यालय नई दिल्ली खातिर चयनित भइल अभियान थिएटर के चार रंग कर्मियन के सम्मानित कइल गइल। एह मवका पs गोरखपुर रंग महोत्सव-2024 के विवरणिका के लोकार्पणों कइल गइल।

कार्यक्रम में मुख्य अतिथि डीडीयू के कुलपति प्रो. पूनम टंडन कलाकारन के सुभकामना देत कहली कि ई शहर सांस्कृतिक दृष्टिकोण से बहुते समृद्ध बा। रंगमंच के क्षेत्र में अभियान थिएटर ग्रुप के जोगदान सराहनीय बा। विशिष्ट अतिथि डॉ. हर्षवर्धन राय कहलें कि अभियान थिएटर ग्रुप के जोगदान हमेसा इयाद रखल जाई। दूरदर्शन के कार्यक्रम अधिकारी डॉ. बृजेंद्र नारायण कहलें कि अभियान थिएटर ग्रुप में रंग कर्मियन के हर विधा के प्रशिक्षण दिहल जाला।

कार्यक्रम में दिग्विजयनाथ पीजी कॉलेज के प्राचार्य ओपी सिंह, बौद्ध संग्रहालय के उपनिदेशक डॉ. यशवंत सिंह राठौर, प्रवीण श्रीवास्तव, राकेश श्रीवास्तव, हरी प्रसाद सिंह, मानवेंद्र त्रिपाठी, नवीन श्रीवास्तव, प्रदीप, अशोक महर्षि, सत्यनारायण पथिक, अर्पिता उपाध्याय, नवीन पांडे, विनोद राय, माधवेंद्र पांडे, शैलेश त्रिपाठी, आदि उपस्थित रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]