[the_ad_group id="30365"]

मंदिर में युवक पढ़े लगलस नमाज, पुजारियन के देखला पs भाग निकलल, धराईल जइले पs बोललस इ बात

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

उत्तर प्रदेश हमेशा से अराजक तत्वन के निशाना पs रहल बा। अराजक तत्व हमेशा एहिजा के माहौल खराब करे के कोशिश करेला। लेकिन पुलिस के सतर्कता अवुरी जनता के समझदारी के चलते ओ लोग के अधिकांश योजना असफल हो जाला। बाकिर कबो-कबो ऊ अपना प्रयास में बहुत हद तक सफल भी हो जाला। ताज़ा मामला उत्तर प्रदेश के हापुड़ जिला से सोझा आईल बा। अराजक तत्व एहिजा के माहौल बिगाड़े के कोशिश कइले बा।

असल में इहाँ कवनो खास धर्म के युवक मंदिर में नमाज पढ़त रहे। मंदिर में नमाज पढ़े वाला युवक के वीडियो मंदिर में लागल सीसीटीवी कैमरा में कैद भईल। मंदिर में नमाज पढ़त देख के मंदिर के पुजारी अवुरी उहाँ मौजूद लोग ए युवक के विरोध कईले। आरोपी युवक मउका से फरार हो गईल। जसही मामला के खबर आईल, लोग अवुरी हिन्दू संगठन आन्दोलित हो गईले अवुरी विरोध प्रदर्शन शुरू हो गईल। घटना के जानकारी मिलते पुलिस विभाग में भी हलचल मच गईल।

भोरे भोरे मंदिर में आके नमाज पढ़े लगलस

इ पूरा मामला हापुड़ के चंडी मंदिर से सोझा आईल बा। आरोप बा कि सबेरे 4.42 बजे एगो युवक मंदिर में आके नमाज पढ़े लगले। एह दौरान मंदिर के पुजारी लोग पूजा में लागल रहे। जइसहीं पुजारी लोग के नजर नमाज पढ़े वाला के ओर चलल त उ लोग चौंक गईले। पुजारी लोग के आपत्ति रहे। एह दौरान कुछ लोग भी उहाँ मौजूद रहे। सभे युवक के विरोध कईले। जनता के क्रोध देख के युवक ओहि जगह से भाग गईल।

मामला के सूचना पुलिस के दिहल गईल बा। मंदिर में नमाज पढ़े के बारे में जानकारी पूरा इलाका में फैल गईल। हिन्दू संगठन आ लोग विरोध करे लागल। फिलहाल पुलिस मंदिर में लागल सीसीटीवी के डीवीआर अपना कब्जा में ले लेले बिया। फिलहाल पुलिस मामला के गंभीरता के देखत मामला के जांच करतिया।

आरोपी गिरफ्तार 

हापुर के जिला मजिस्ट्रेट प्रेरणा शर्मा कहली कि ए समूचा मामला पs हापुड़ नगर कोतवाली पुलिस अवुरी जिला एसओजी टीम आरोपी युवक के गिरफ्तार क लेले बिया।

ए मामला में एसपी हापुड़ अभिषेक वर्मा बतवले कि गिरफ्तार युवक अनवर बेटा इनामुद्दीन हापुड़ के निवासी हवे। पूछताछ के दौरान उ आदमी मंदिर में नमाज पढ़े के कारण बतवले कि उनुका खातीर मंदिर अवुरी मस्जिद एक बा। एही से उ चंडी मंदिर में नमाज पढ़ले बाड़े। आरोपी कहता कि हम हमेशा मस्जिद में नमाज पढ़ेनी लेकिन आजु पहिला बेर मंदिर में नमाज अर्पित कईले बानी। एह मामिला में हापुड़ नगर कोतवाली में मुकदमा दर्ज करावल गइल बा। ए मामला में कानूनी कार्रवाई कईल जाता।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]