[the_ad_group id="30365"]

CoWin Data Leak: कोविन पोर्टल पूरा तरे सुरक्षित, सरकार डेटा लीक पs देलस सफाई

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

केंद्र सरकार कोविन पोर्टल डेटा लीक के लेके सफाई देले बिया। सरकार के कहनाम बा कि कोविन पोर्टल पूरा तरे सुरक्षित बा, आ डेटा के सिक्योरिटी खातिर कइयन तरे के  इंतजाम कइल जाला। मीडिया रिपोर्ट्स में डेटा लीक के दावन पs सरकार कहलस कि अइसन शरारत के तौर पs कइल गइल बा। सरकार के मोताबिक, बिना कवनो ठोस सबूत के कोविड वैक्सीन के बेनिफिशयरी के डेटा लीक होखे के रिपोर्ट कइल गइल बा।

केंद्र कहलस कि ट्विटर पs कुछ पोस्ट में दावा कइल गइल कि एगो टेलीग्राम बॉट से कोविन के डेटा लीक कइल गइल बा। अइसन क्लेम कइल गइल कि वैक्सीन ले चुकल नागरिकन के पर्सनल डिटेल एह टेलीग्राम बॉट पs रही। एमे नागरिकन के नाम, जन्मतिथि, आधार नंबर, पासपोर्ट नंबर जइसन पर्सनल डिटेल्स लीक होखे के दावा कइल गइल रहे।

बिना OTP के ना निकली डिटेल

ट्विटर पोस्ट्स पs दावा कइल गइल कि खाली मोबाइल नंबर लिखके कवनो नागरिक के डिटेल देखल जा सकत बा। हालांकि, हेल्थ मिनिस्ट्री से साफ कइल गइल कि कोविन पोर्टल पs मोबाइल नंबर के जरिए रजिस्ट्रेशन होला। रजिस्टर्ड नंबर पs आइल ओटीपी के दर्ज कइले बिना यूजर्स के पर्सनल डिटेल नइखे देखल जा सकत बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]