[the_ad_group id="30365"]

गायब हो गइल पूरा परिवार: नैनीताल घूमे गइल रहले दवा व्यापारी के परिवार, नाहीं चल सकल पता

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

फिरोजाबाद थाना उत्तर क्षेत्र के मोहल्ला कमला नगर के निवासी परिवार के संगे लापता बाड़े। फिलहाल उ आगरा के ट्रांसयमुना थाना के श्रीनगर कालोनी में रहत रहले। उ 15 अप्रैल के आगरा के घर से नैनीताल घूमे खातिर निकलल रहले। ओकरा बाद से परिवार के उनुका से कवनो संपर्क नईखे हो पावत।

15 अप्रैल के घर से गईल रहले

फिरोजाबाद थाना उत्तर क्षेत्र के सरस्वती नगर निवासी रमाकांत शर्मा जिला आगरा के ट्रांसयमुना थाना में लापता होखे के शिकायत दर्ज करवले, जवना में कहल गईल कि उनुकर भाई राजेश शर्मा (50), पत्नी सीमा शर्मा (45), बेटी काव्या वशिष्ठ (22)। आ बेटा अभिषेक वशिष्ठ (25), पतोह उषा वशिष्ठ (24) आ अभिषेक के एक साल के बेटा विनायक 15 अप्रैल के नैनीताल घूमे खातिर घर से निकलल रहले।

अंतिम लोकेशन जयपुर में मिलल 

जाए के दौरान उ 23 अप्रैल तक घरे लवट जाए के कहले रहले। अबहीं ले लवटल नइखे लोग। उनकर मोबाइल के आखिरी लोकेशन 24 अप्रैल के जयपुर में मिलल रहे। 23 अप्रैल के साँझ साढ़े सात बजे करीब भतीजा अभिषेक से बात भइल। उ बतवले कि उ बरेली से निकल गईल बाड़े अवुरी देर रात तक घर पहुंच जईहे। राजेश शर्मा के पूरा परिवार के गायब होखला से परिवार चौंक गईल बा। उ लगातार पुलिस से संपर्क क के पता लगावे के कोशिश में लागल बाड़े।

साभार- अमर उजाला

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]